ट्रिपल एक्स (फिलिम सिरीज)

विकिपीडिया से
ट्रिपल एक्स
xXx
फिलिम सीरीज के ऑफिशियल लोगो
डाइरेक्टर
  • रॉब कोहेन (1)
  • ली तामाहोरी (2)
  • डी जे करुसो (3)
प्रोड्यूसर
  • नील एच मोरित्ज़ (1–2)
  • आर्ने श्मिड (2)
  • जोए रॉथ (3)
  • जेफ़ कृशेंबाम (3)
  • विन डीजल (3)
  • सामंथा विन्सेट (3)
लेखक
  • रिच विल्केस (1)
  • साइमन किनबर्ग (2)
  • ऍफ़ स्कॉट फ्रेज़र (3)
प्रोडक्शन
कंपनी
  • रिवोल्यूशन स्टूडियो (1–3)
  • ओरिजिनल फिल्म (1–2)
  • वन रेस फिल्म्स (3)
  • रॉथ क्रिशेनबॉम फिल्म्स (3)
डिस्ट्रीब्यूटर
रिलीज के तारीख
  • 1: 9 अगस्त 2002
  • 2: 29 अप्रैल 2005
  • 3: 20 जनवरी 2017
लंबाई (समय)
220 मिनट[1] >[2]
देस
भाषाअंग्रेजी
बजटकुल (3 फिलिम):
$215 मिलियन
बॉक्स ऑफिसकुल (3 फिलिम):
$656,539,421[3]

ट्रिपल एक्स (xXx) एगो अमेरिकी एक्शन फिलिम फ्रेंचाइज हवे जे रिच विल्कीस द्वारा बनावल गइल। एह फ्रेंचाइज में मुख्य स्टार विन डीजल आ आइस क्यूब बा लोग आ एह फ्रेंचाइज में अबतक ले तीन गो फिलिम बाड़ी: ट्रिपल एक्स (2002), ट्रिपल एक्स: स्टेट ऑफ दि यूनियन (2005) आ ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज (2017), आ एक ठो शॉर्ट फिलिम बा: दि फाइनल चैप्टर: दि डेथ ऑफ जैन्डर केज। पूरा सीरीज के दुनिया भर में के कमाई $656 मिलियन बा।

फिलिम[संपादन करीं]

ट्रिपल एक्स (2002)[संपादन करीं]

ई फिलिम 9 अगस्त 2002 के रिलीज भइल, एह में स्टार एक्टर के रूप में विन डीजल रहलें जे जैन्डर केज के भूमिका कइलेन, अइसन करेक्टर जे थ्रिल आ एक्सट्रीम खेल में रुची वाला रहल, स्टंट करे वाला आ बागी रहल, जेकरा के नेशनल सिक्योरिटी एजेंसी (एनएसए) एगो घातक मिशन पर भेजलस कि मध्य यूरोप में रूसी आतंकबादी सभ के बिचा में जाके उनहन में शामिल हो के जानकारी जुटा सकें। फिलिम में एशिया आर्जेंतो, मार्टन सोकास, आ सैमुएल एल॰ जैक्शन लोग प्रमुख भूमिका में रहल। एकर डाइरेक्टर रॉब कोहेन रहलें जे पहिले फास्ट एंड फ्यूरियस के डाइरेक्ट क चुकल रहलें, जेह में विन डीजल के लीद रोल रहल।

ट्रिपल एक्स: स्टेट ऑफ दि यूनियन (2005)[संपादन करीं]

ई फिलिम 29 अप्रैल 2005 के रिलीज भइल, एह में आइस क्यूब आ दारियस स्टोन के भूमिका रहल, एगो नया एजेंट के रूप में जे ट्रिपल एक्स प्रोग्राम के आगे बढ़ावे आ ई एजेंट वाशिंगटन डीसी द्वारा भेजल गइल रहे कि कई देशन के नेता सभ में पावर खाती लड़ाई के डिफ्यूज कइल जा सके।

ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज (2017)[संपादन करीं]

फिलिम 20 जनवरी 2017 के रिलीज भइल, आ विन डीजल के वापसी जेंडर केज के रूप में भइल। अपना खुद के निर्वासित क चुकल एजेंट के वापसी के रूप में इनके दुबारा आगमान देखावल गइल। वापसी से पहिले इनके मुअल मानल गइल रहे, बाकी नया आ हाई लेवल के षड्यंत्र में शामिल देश सभ के परिणाम के रूप में इनके दुबारा आगमन भइल।[4]

भबिस्य[संपादन करीं]

वेरायटी मैगजीन के दिहल एगो इंटरभ्यू में विन डीजल कहलें कि पैरामाउंट उनसे संपर्क क चुकल बा कि एह सीरीज में नाया फिलिम बनावल जाय, इहाँ तक कि मई 2017 में शूटिंग खाती डेट रखे के भी बिचार भ गइल बा, हालाँकि, एकरे बाद, एह सीरीज के बारे में कौनों नया खबर ना बा।[5]

शॉर्ट फिलिम[संपादन करीं]

दि फाइनल चैप्टर: दि डेथ ऑफ जैंडर केज[संपादन करीं]

साल 2005 में रिलीज भइल डाइरेक्टर्स कट के डीवीडी के साथे, जेह में पहिली फिलिम के कुछ अन्य सीन भी देखावल गइल रहलें जे मूल रिलीज में ना रहलें, एगो छोट फिलिम भी सामिल रहल। एह छोट फिलिम, दि फाइनल चैप्टर: दि डेथ ऑफ जैंडर केज, में xXx: स्टेट ऑफ दि यूनियन में बर्णित जैंडर केज के मउअत के देखावल गइल रहे।

एह छोट फिलिम में, जैंडर केज के रोल विन डीजल खाती स्टंट करे वाला ख्रिस्तियन लूपो द्वारा कइल गइल रहल आ एह में कहीं चेहरा ना लउके। कुछ पुरान संबाद जरूर विन डीजल के आवाज में रहलें जिनहन के दोबारा इस्तमाल कइल गइल रहल।

परफार्मेंस आ रिसेप्शन[संपादन करीं]

बॉक्स ऑफिस परफार्मेंस[संपादन करीं]

फिलिम रिलीज के डेट बॉक्स ऑफिस कमाई बॉक्स ऑफिस रैंकिंग बजट संदर्भ
उत्तर अमेरिका अउरी बाकी
क्षेत्र
बिस्व भर में आल टाइम
उत्तर अमेरिका
आल टाइम
बिस्व भर
ट्रिपल एक्स August 9, 2002 $142,109,382 $135,339,000 $277,448,382 #334 #416 $70 million [6]
ट्रिपल एक्स: State of the Union April 29, 2005 $26,873,932 $44,148,761 $71,022,693 #2,675 N/A $60 million[not in citation given] [7]
XXX: Return of Xander Cage January 20, 2017 $44,898,413 $301,065,438 $345,963,851 #1,750 #322 $85 million [8]
Total $213,881,727 $480,553,199 $694,434,926 $215 million [9]

समालोचना आ पब्लिक रिस्पांस[संपादन करीं]

फिलिम Rotten Tomatoes Metacritic CinemaScore
XXX 48 % (179 reviews)[10] 48 (33 reviews)[11] A−[12]
XXX: State of the Union 17 % (137 reviews)[13] 37 (31 reviews)[14] B+[12]
XXX: Return of Xander Cage 45 % (140 reviews)[15] 42 (25 reviews)[16] A-[12]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "XXX (2002)". British Board of Film Classification. 9 अगस्त 2002. Retrieved 21 जुलाई 2016.
  2. "XXX: State of the Union (2005)". British Board of Film Classification. अप्रैल 29, 2005. Retrieved जुलाई 21, 2016.
  3. "xXx Movies at the Box Office". Box Office Mojo. Retrieved February 16, 2017.
  4. "'xXx: The Return of Xander Cage' Synopsis Sounds Exciting if You've Never Seen a 'xXx' Movie". February 11, 2016.
  5. Jackson, Helen (जनवरी 12, 2017). "Vin Diesel Says Paramount Wants Another 'xXx' Movie". Variety.
  6. "XXX (2002))". Box Office Mojo. Retrieved August 21, 2016.
  7. "XXX: State of the Union (2005)". Box Office Mojo. Retrieved August 21, 2016.
  8. "XXX: Return of Xander Cage (2017)". Box Office Mojo. Retrieved February 19, 2017.
  9. "xXx Movies at the Box Office". Box Office Mojo. Retrieved May 8, 2019.
  10. "XXX". Rotten Tomatoes. Retrieved July 21, 2016.
  11. "XXX: reviews". Metacritic. Retrieved July 21, 2016.
  12. 12.0 12.1 12.2 "CinemaScore". Archived from the original on December 20, 2018. Retrieved May 21, 2019.
  13. "XXX: State of the Union". Rotten Tomatoes. Retrieved March 2, 2020.
  14. "XXX: State of the Union: Reviews". Metacritic. Retrieved July 21, 2016.
  15. "xXx: Return of Xander Cage (2017)". Rotten Tomatoes. Retrieved March 2, 2020.
  16. "XXX: Return of Xander Cage reviews". Metacritic. Retrieved January 19, 2017.