विन डीजल

विकिपीडिया से
विन डीजल
जुलाई 2013 में विन डीजल
जनममार्क सिन्क्लेयर
(1967-07-18) जुलाई 18, 1967 (उमिर 56)
अल्मीडा काउंटी, कैलिफोर्निया, अमेरिका
पेशाएक्टर, प्रोड्यूसर, कथानक लेखक, निर्देशक
सक्रियता साल1975–अबतक
पार्टनरपैल्मोआ जिमेन्ज (2007–अबतक)
संतान3
वेबसाइटwww.vindiesel.com

मार्क सिन्क्लेयर (अंग्रेजी: Mark Sinclair[1][2]; जनम 18 जुलाई 1967), जिनके विन डीज़ल के नाँव से ढेर जानल जाला, एगो अमेरिकी एक्टर, निर्देशक, फिलिम प्रोड्यूसर आ फिलिम कथाकार बाड़ें। इनके खास परसिद्धि, फिलिम फास्ट एंड फ्यूरियस में डॉमिनिक टोरेटो के रोल खाती आ ट्रिपल एक्स सीरीज में जैन्डर केज के रोल खाती बा। वन रेस फिल्म्स नाँव के, विन डीजल के आपन प्रोडक्शन कंपनी भी बा आ एह कंपनी के हिस्सेदारी ऊपर बतावल फिलिम सिरीज सभ के प्रोडक्शन में बा।

डीजल दि पैसिफायर (2005) आ फाइंड मी गिल्टी (2006) नियर फिलिम सभ में भी काम कइलेन। आवाज-कलाकार के रूप में इनके आवाज दि आयरन जायंट (1999) में सामिल बा, क्रॉनिकल्स ऑफ दि रिडिक फ्रेंचाइज के वीडियो स्पिनऑफ में भी इनके आवाज बा, आ गार्जियंस ऑफ दि गैलेक्सी (2014) आ एकर 2017 सीक्वल में भी बा। डीजल, मल्टी-फेसियल नाँव के छोट-फिलिम में एक्टिंग भी कइलें आ कहानी लेखन, डाइरेक्ट करे के काम भी कइलें। पूरा फीचर-लेंथ के ड्रामा स्ट्रे'ज में भी इनके एक्टिंग, लेखन आ डाइरेक्शन तीनों काम रहल। डीजल वन रेस फिल्म्स, रेस ट्रेक रेकार्ड्सटाईगन स्टूडियोज नियर प्रोडक्शन कंपनी सभ के संस्थापक बाड़ें।

जिनगी[संपादन करीं]

डीजल के जनमनाँव मार्क सिन्क्लेयर हवे आ इनके जनम अल्मीडा काउंटी, कैलिफोर्निया में भइल[1] आ ई आ इनके भाई पॉल दुनों जन जोड़ुआ हवे लोग।[3][4] इनके महतारी डेलोरा शेर्लीन (सिन्क्लेयर) एगो ज्योतिषी हई।[5][6] डीजल के कहनाम बा की "उनके जातीयता मिलजुल किसिम के बा"।[7] इनके महतारी के पुरखा लोग अंगरेज, जर्मन आ स्कॉट हऽ।[8] डीजल अपना जैविक पिता से कभो ना मिलल हवें आ उनके कहनाँव की "हम अपना महतारी से इहे जनलीं कि हमार संबंध कई संस्कृति सभ से बा"।[9] डीजल अपना के "निश्चित रूप से रंग वाला (यानी गोरा)" कहे लें,[10] आ इहो बतावे लें कि उनके महतारी बाप के संबंध अमेरिका के कई इलाका में बहुबियाह वाला क़ानून के कारण अबैध रहल होखित।[11] कौकेशियाई महतारी आ एफ्रो-अमेरिकी बाबूजी इरविंग एच विन्सेंट, जे एक्टिंग इंस्ट्रक्टर (एक्टिंग सिखावे वाला) आ थियेटर मैनेजर हवें, द्वारा इनकर लालन-पालन न्यू यॉर्क में भइल।[4][10][12]

पेसा[संपादन करीं]

विन डीजल के एगो छबी

विन डीजल के पहीलका पात्र 1990 मे आइल अवाकेनिंग फिलिम मे रहे। 1994 मे ई एगो मल्टी फेशियल नांव के छोट चलचित्र लिखलन आ बनवलन, जे कैनेस फेस्टिवल मे देखावल गइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Mark Sinclair birth record, California Birth Index. Retrieved on March 29, 2015. Some sources give birth name as Mark Sinclair Vincent, which is at odds with the official California state birth record.
  2. "Diesel breaks silence over Walker". Press Association via The Press (Christchurch, New Zealand). 3 दिसंबर 2013. Archived from the original on 6 अक्टूबर 2014. Retrieved 21 मार्च 2015.
  3. Paul Sinclair birth record at California Birth Index. Retrieved on March 29, 2015.
  4. 4.0 4.1 "Vin Diesel Biography (1967–)". Filmreference.com. Retrieved सितंबर 8, 2010.
  5. "Vin Diesel: From nightclub bouncer to action hero". CNN. अगस्त 12, 2002.
  6. "Vincent, Irving H". encyclopedia.com. Retrieved जून 29, 2013.
  7. Vincent, Mal (जून 22, 2001). "'The Fast and the Furious' Vin Diesel Opens the Throttle in New Speed Movie and Joins an Elite 'Action-Star' Fraternity". The Virginian-Pilot. Norfolk, Virginia. Retrieved मार्च 2, 2008.
  8. "VinDiesel explains why Glasgow was perfect to shoot Fast 6". मई 15, 2013. Archived from the original on जून 18, 2013. Retrieved 29 जून 2013.
  9. Carter, Gregory T. (2008). "From blaxploitation to mixploitation: Male leads and changing mixed race identities". In Beltrán, Mary; Fojas, Camilla (eds.). Mixed Race Hollywood. New York: New York University Press. p. 210. ISBN 0814799892.
  10. 10.0 10.1 "definitely a person of color"-"Diesel is running hot". Jam.canoe.ca. फरवरी 17, 2000. Archived from the original on दिसंबर 6, 2009. Retrieved सितंबर 8, 2010.
  11. Chu, Hanna (अगस्त 26, 2013). "Vin Diesel receives star on Hollywood Walk of Fame". KABC-TV. Retrieved दिसंबर 6, 2013.
  12. Pearlman, Cindy (August 9, 2002). "Fame game stumps Diesel". Chicago Sun-Times. Retrieved जून 29, 2013.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]