पैरामाउंट पिक्चर्स

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
पैरामाउंट पिक्चर्स कारपोरेशन
सब्सिडरी
Industry फिलिम
Founded मई 8, 1912; 105 साल पहिले (1912-05-08) (Famous Players Film Company)
जून 19, 1914; 103 साल पहिले (1914-06-19) ( Paramount Pictures)
Founders W. W. Hodkinson
Adolph Zukor
Jesse L. Lasky
Headquarters हॉलीवुड, कैलिफोर्निया, अमेरिका
Area served
दुनिया भर
Key people
Jim Gianopulos
(Chairman & CEO)
Products मोशन पिक्चर्स
Revenue Red Arrow Down.svg US$2.885 बिलियन(FY 2015)[1]
Red Arrow Down.svg US$111 मिलयन(FY 2015)[1]
Owner National Amusements
Parent वायाकोम
Divisions
Website www.paramount.com

पैरामाउंट पिक्चर्स कारपोरेशन (जेकरा पैरामाउंट पिक्चर्स भा खाली पैरामाउंट के नाँव से भी जानल जाला) एक ठो अमेरिकी फिलिम स्टूडियो बा। ई कैलिफोर्निया में मौजूद अमेरिकी फिलिम इंडस्ट्री हॉलीवुड में बा। साल 1994 के बाद से ई वायाकोम नाँव के अमेरिकी मीडिया समूह के सब्सिडरी के रूप में बा।

पैरामाउंट दुनिया के पाँचवा अइसन सभसे पुरान फिलिम स्टूडियो बाटे जे अभिन ले चालू बा।[2] साल 1916 में फिलिम प्रोड्यूसर एडोल्फ ज़ुकोर 22 गो एक्टर आ एक्ट्रेस लोग के साथ कांट्रेक्ट कइलेन आ हर एक के सितारा वाला लोगो से सम्मानित कइलेन, इहे फिलिमी दुनिया के पहिला "स्टार" रहल लोग।[3] साल 2014 में पैरामाउंट अइसन पहिला स्टूडियो बनल जे आपन सगरी फिलिम खाली डिजिटल फारमेट में रिलीज करे वाला बन गइल।[4]

पैरामाउंट, अमेरिकी मोशन पिक्चर्स असोसिएशन के सदस्य भी बा।[5]

संदर्भ[संपादन]

  1. 1.0 1.1 VIACOM REPORTS FOURTH QUARTER AND FULL YEAR FINANCIAL RESULTS, p. 3.
  2. Richard Abel (1994); The Ciné Goes to Town: French Cinema, 1896–1914; University of California Press; p. 10; ISBN 0-520-07936-1. 
  3. http://ocgirl.net/wp-content/uploads/image/paramount/paramount-2.jpg
  4. Fingas, Jon (January 19, 2014); "Paramount now releases movies only in digital form". 
  5. "Motion Picture Association of America – About Us"; MPAA; पहुँचतिथी May 27, 2012.