डोनी येन
Donnie Yen | |
---|---|
![]() | |
जनम | Yen Ji-Dan 27 जुलाई 1963 गुआंगझोऊ, गुआंगडांग, चीन |
राष्ट्रीयता | हांगकांग |
नागरिकता | हांगकांग (1963–1974, 2009–present) यूनाइटेड स्टेट्स (1974–2009)[1] |
पेशा |
|
सक्रियता साल | 1981–अबतक |
वेबसाइट | ऑफिशियल वेबसाइट |
डोनी येन (अंग्रेजी: Donnie Yen) चाहे डॉनी येन जि-डान (जनम 27 जुलाई 1963) हांगकांग के एगो एक्टर, मार्शल आर्टिस्ट, फिलिम डाइरेक्टर, प्रोड्यूसर, एक्शन डाइरेक्टर आ कोरियोग्राफर बाड़ें।
डोनी येन हांग कांग के सभसे टॉप के एक्शन स्टार सभ में गिनल जालें आ बिबिध किसिम के मार्शल आर्ट सभ में निपुण हवें। इनका के फिलिम सभ के दुनिया में मिलजुल मार्शल आर्ट (MMA) के ले आवे श्रेय दिहल जाला। इनका के विंग चुन नाँव के मार्शल आर्ट के चीन में पापुलर बनावे खातिर जानल जाला। कारण ई कि परसिद्ध फिलिम सिरीज इप मैन में डोनी येन खुद इप मैन के रोल कइलें जे विंग चुन के ग्रैंडमास्टर रहलें। इनके अउरी परसिद्ध फिलिम सभ में रोग वन: अ स्टार वार्स स्टोरी (2016), xXx: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज (2017) आ मुलान (2020) बाड़ीं।
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "How much do you know about Donnie Yen, star of the Ip Man series?". South China Morning Post (अंग्रेजी में). 2019-07-26. Archived from the original on 27 July 2019. Retrieved 2022-01-07.
![]() | ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |