हैलो ऑर्बिट

विकिपीडिया से

हैलो ऑर्बिट भा हालो ऑर्बिट (अंग्रेजी: halo orbit; हिंदी: आभामंडल कक्षा चाहे प्रभामंडल कक्षा) एक किसिम के समय आधारित (पीरियॉडिक), थ्री-डाइमेंशन ऑर्बिट हवे। ई लैग्रेंज प्वाइंट सभ में से एल1, एल2 चाहे एल3 के आसपास तीन-बॉडी सिस्टम में काम करे वाली ऑर्बिट हवे।

आसान भाषा में, एगो बिसेस उदाहरण के रूप में, ई सुरुजधरती के बीचा में अइसन जगह हवे जहाँ दुनों के गुरुत्व बल लगभग बैलेंस रहे ला आ इहाँ अस्थापित अंतरिक्ष बिमान दुनों के गुरुत्व के बीचा में बैलेंस बना के काम करे ला। हालाँकि, अइसन हैलो ऑर्बिट खाली सुरुज आ पृथिवी के बीचे में ना होला बलुक कौनों भी दू गो पिंड सभ के बीचा में तीन गो बिंदु के रूप में हो सके ला। एहिजा अंतरिक्ष बिमान के स्थाई एक जगह टिकल रहल मुश्किल होला आ स्टेशन के बरकरार रखे खाती बीच-बीच में थ्रस्टर मार के ओकरा से सही जगह पर ले जाए के पड़े ला।

सुरुज आ पृथिवी के बीच में अबतक ले नासा आ यूरोपीय एजेंसी सभ के अंतरिक्ष बिमान पहुँचल रहलें हँ, हालाँकि भारत के अंतरिक्ष रिसर्च संस्थान इसरो आपन मिशन आदित्य एल1 भेज चुकल बा जे जल्दिये एल1 प्वाइंट के लगे एह ऑर्बिट में पहुँच जाई आ लगभग पाँच बरिस एहिजे रह कि सुरुज के अध्ययन करी। नासा के अइसने बिमान सोहो रहल।