सुरुज

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
सुरुज

सूर्य (Sun) एगो प्रकाशमान तारा हवे जेवन सौरमंडल की केन्द्र में स्थित बा आ जेकरी चारो ओर हमनी क पृथ्वी आ सौरमंडल क बाकी ग्रह चक्कर लगावेलन। भूगर्भ के गर्मी से होखे वाला कुछ घटना के छोड़ दिहल जाय तब, पृथ्वी पर होखे वाला लगभग सारा घटना सूर्य की प्रकाश की ऊर्जा से संचालित होला।

सूर्य की प्रकाश से दिन होला आ सूर्य की प्रकाश से सारा ग्रह प्रकाशित होलें। सूर्य की प्रकाश से ऊर्जा के प्रकाश संश्लेषण की क्रिया द्वारा पेड़-पौधा भोजन (रासायनिक ऊर्जा) में बदल देलन जेवना क इस्तेमाल बाकी जीवजन्तु आहार श्रृंखला में एक दूसरा के खा के करेलन। आज हमनी क जेतना जीवाश्म ईंधन जइसे कि कोइला, पेट्रोल, पेट्रोलियम गैस इत्यादि क प्रयोग ऊर्जा प्राप्त करे खातिर करत बानी जा ई कुल सौर ऊर्जा क रूप हवे, एइसन सौर ऊर्जा जवन इतिहास में बहुत पहिले पेड़-पौधन द्वारा प्रकाश संश्लेषण की बिधि से रासायनिक ऊर्जा में बदल दिहल गईल रहे आ अब भंडार के रूप में संरक्षित बा।

इहो देखल जाय[संपादन]