Jump to content

कोइला

विकिपीडिया से
कोइला
Coal
Sedimentary चट्टान
कंपोजीशन
प्राइमरीकार्बन
सेकेंडरी
बिटुमिनस कोइला

कोइला भा कोयला (अंग्रेजी: Coal) एक तरह के चट्टान हवे जवना के जरावल जा सके ला आ ईंधन के साधन के रूप में इस्तेमाल कइल जाला। आमतौर पर ई चट्टान के परत के रूप में पावल जाला आ खान से खन के निकालल जाला। कोइला के एह परत सभ के कोल बेड आ दुसरा परतदार चट्टान सभ के बीचे में मौजूद पातर नस नियर रूप में पावल जाए वाला परत सभ के कोल सीम कहल जाला।

कोइला में मुख्य तत्व कार्बन होला आ एकरे अलावे हाइड्रोजन, सल्फर, आक्सीजन आ नाइट्रोजन एह में प्रमुख होलें।[1] कार्बन के मात्रा के अनुसार कोइला के गुणवत्ता निर्धारित होला। सभसे हाई क्वालिटी के कोइला एंथ्रेसाइट कोइला होला आ ई रूपांतरित चट्टान भी मानल जाला।

  1. Blander, M. "Calculations of the Influence of Additives on Coal Combustion Deposits" (PDF). Argonne National Laboratory. p. 315. Archived from the original (PDF) on 2010-05-28. Retrieved 17 दिसंबर 2011.