प्रकाश संश्लेषण

विकिपीडिया से
प्रकाश संश्लेषण

प्रकाश संश्लेषण (अंग्रेजी: फोटोसिंथेसिस, Photosynthesis) अइसन प्रक्रिया हवे जेह में पौधा आ कुछ अन्य जीवधारी सुरुज के रोशनी में मौजूद ऊर्जा के रासायनिक ऊर्जा में बदल देलें, ई ऊर्जा आगे पौधा सभ आ जियाजंतु सभ के क्रियाकलाप में ईंधन के काम करे ला आ इस्तेमाल होखे के बाद गर्मी के रूप में रिलीज हो जाला। अंग्रेजी के शब्द फोटोसिंथेसिस यूनानी भाषा के फोटो (प्रकाश) आ सिंथेसिस (जोड़ के एकट्ठा कइल आ एक बनावल) के मिले से बनावल गइल हवे। लगभग सगरी पौधा, सगरी सेवार (एल्गी) आ साइनोबैक्टीरिया सभ प्रकाश संश्लेषण के काम करे लें आ इनहन के ऑटोफोटोट्रॉफ नाँव दिहल जाला, मने कि प्रकाश से आपन भोजन खुदे बनावे वाला। एह प्रक्रिया में ऑक्सीजन फाजिल चीज के रूप में रिलीज होला। प्रकाश संश्लेषण के ई प्रक्रिया पृथ्वी के वायुमंडल में मौजूद वर्तमान ऑक्सीजन खातिर, ऑर्गेनिक कंपाउंड सभ खातिर आ जियत प्राणी सभ के द्वारा इस्तमाल कइल जाए वाली ऊर्जा खाती मूल स्रोत के रूप में बा।

संदर्भ[संपादन करीं]