स्वतंत्रता दिवस (भारत)
स्वतंत्रता दिवस | |
---|---|
मनावे वाला | भारत |
प्रकार | राष्ट्रीय परब-तिहुआर |
मनावे के तरीका | झंडा फहरावल, लालकिला से प्रधानमंत्री के भाषण; परेड, प्रभात फेरी, आ बिबिध सांस्कृतिक कार्यक्रम |
समय | 15 अगस्त 1947 |
केतना बेर | सालाना |
स्वतंत्रता दिवस भा आजादी दिवस, हर बरिस 15 अगस्त के भारत मे मनावल जाये वाला राष्ट्रीय परब हवे। अंग्रेजी शासन से 15 अगस्त 1947 के मिलल आजादी के सालाना बरसी आ यादगार के रूप मे ई दिवस मनावल जाला। भारत के अंग्रेजी राज से आजादी एगो लमहर लड़ाई आ आंदोलन के बाद मिलल। आजादी के एह आंदोलन मे अहिंसक प्रतिरोध आ सबिनय अवज्ञाँ के भूमिका उल्लेख जोग रहल आ भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस एह आंदोलन के मुख्य अगुआई करे वाला दल रहल। आजादी के साथे-साथ भारत के बखरो लागल आ तत्कालीन भारतीय ब्रिटिश राज, भारत आ पाकिस्तान, दू बखरा मे बँटा गइल। एह बँटवारा मे बहुते बेसी हिंसा आ लूटपाट के घटनो भइल आ लमसम 150 लाख लोग एह दौरान हिंसा के शिकार भइल। 15 अगस्त 1947 के, जवाहरलाल नेहरू, जे ओहि दिने भारत के पहिला परधानमंत्री बनल रहलें, लाल किला के लाहौरी गेट पर तिरंगा झंडा फहरवलें। एकरा बाद से अबले हर स्वतंत्रता दिवस पर एही जा तिरंगा फहरावल जाला आ प्रधानमंत्री लाल किला से देस के अपना भाषण में संबोधित करे लें।[1]
पूरा भारत में ई छुट्टी के दिन होला आ झंडा फहरावल जाला, परेड होला, प्रभात फेरी निकले ले, आ बिबिध किसिम के सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित कइल जालें। एह छुट्टी के दिने इस्कूल आ सरकारी दफ्तर सभ में मिठाई बाँटल जाले लेकिन कवनो पढ़ाई या दफ्तर के काम ना होला।
देस में एह दिन बिसेस सुरक्षा के इंतजाम भी कइल जाला।[2][3]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ PTI (15 अगस्त 2013). "Manmohan first PM outside Nehru-Gandhi clan to hoist flag for 10th time". दि हिंदू. पहुँचतिथि 30 अगस्त 2013.
- ↑ "Terror strike feared in Delhi ahead of Independence Day". इंडिया टुडे. 5 अगस्त 2015. Retrieved 13 अगस्त 2015.
- ↑ "69th Independence Day: Security Tightened at Red Fort as Terror Threat Looms Large on PM Modi". ibtimes.co.in. 28 फरवरी 2015. Retrieved 13 अगस्त 2015.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Independence Day (India) पर मौजूद बा। |
- भारतीय स्वतंत्रता दिवस, भारत सरकार के वेबसाइट पर। (अंग्रेजी में)
- भारतीय स्वतंत्रता दिवस, एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका के ब्लॉग में। (अंग्रेजी में)