दि हिंदू

विकिपीडिया से
दि हिंदू
The Hindu
प्रकारदैनिक अखबार
फॉरमैटब्रॉडशीट
मालिकदि हिंदू समूह, आ
कस्तुरी एंड संस लिमिटेड
संस्थापकजी॰ सुब्रमणिया अय्यर
प्रकाशकएन॰ राम[1]
संपादकMukund Padmanabhan[2][3]
स्थापना20 सितंबर 1878 (1878-09-20)
भाषाअंग्रेजी
मुख्यालयचेन्नई
सर्कुलेशन1,518,082 रोज[4] (as of Jul - Dec 2015)
ISSN0971-751X
OCLC नंबर13119119
वेबसाइटwww.thehindu.com

दि हिंदू (The Hindu) भारत में छपे वाला एक ठो अंग्रेजी भाषा के दैनिक अखबार बा। एकर मुख्यालय चेन्नई (मद्रास) में बाटे। ई अखबार जब सुरू भइल तब हप्तावार छपे। 1878 में सुरुआत से ले के 1889 तक ले ई हप्तावार छपल आ एकरा बाद दैनिक, मने की रोज छपे वाला हो गइल। ईई भारत के दुसरा सभसे ढेर सर्कुलेशन वाला अंग्रेजी अखबार बाटे, एकर बिकिरी जुलाई-दिसंबर 2015 में 15.1 लाख कॉपी प्रति दिन रहल।[4] 2014 के पाठक सर्वे के मोताबिक ई अखबार दि टाइम्स ऑफ इंडियाहिंदुस्तान टाइम्स के बाद तिसरा नंबर पर रहल जब एकर पाठक 16 लाख लोग रहे।[5] दि हिंदू के सर्कुलेशन आधार सभसे ढेर दक्खिनी भारत में बाटे आ ई आंध्र प्रदेश, तमिल नाडु, कर्नाटक, केरलतेलंगाना में बहुतायत से पढ़ल जाला।

नवंबर 2015 के समय ले, एकर प्रकाशन 18 गो भारतीय शहरन से होखत बाटे: बंगलौर, चेन्नई, हैदराबाद, तिरुअनंतपुरम, विजयवाड़ा, कलकत्ता, मुंबई, कोयंबटूर, मदुरै, नोएडा, विशाखापत्तनम, कोच्चि, मंगलोर, तिरुचिरापल्ली, हुबली, मोहाली, लखनऊ, इलाहाबाद, आ मल्लाप्पुरम[6]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Changes at the Helm: Editorial and Business". दि हिंदू. Chennai, India. 22 अक्टूबर 2013. Retrieved 22 अक्टूबर 2013.
  2. "Mukund Padmanabhan is Editor of The Hindu; Raghavan Srinivasan becomes Business Line Editor". दि हिंदू. Retrieved 14 मई 2016.
  3. Vidhi Choudhary. "'The Hindu' appoints Mukund Padmanabhan as editor". http://www.livemint.com/. Retrieved 14 मई 2016. {{cite web}}: External link in |work= (help)
  4. 4.0 4.1 "Submission of circulation figures for the audit period July - December 2015" (PDF). Audit Bureau of Circulations. Retrieved 5 जनवरी 2016.
  5. "Indian Readership Survey 2014" (PDF). Indian Readership Survey. Retrieved मार्च 7, 2016.
  6. [1]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]