सोनौली

विकिपीडिया से
सोनौली
भारत-नेपाल बॉर्डर गेट, सोनौली
भारत-नेपाल बॉर्डर गेट, सोनौली
सोनौली is located in Uttar Pradesh
सोनौली
सोनौली
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
Coordinates: 27°28′25.7016″N 83°28′8.868″E / 27.473806000°N 83.46913000°E / 27.473806000; 83.46913000निर्देशांक: 27°28′25.7016″N 83°28′8.868″E / 27.473806000°N 83.46913000°E / 27.473806000; 83.46913000
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलामहाराजगंज जिला
Time zoneUTC+5:30 (आइएसटी)
पिनकोड
273164
टेलीफोन कोड+91-05522

सोनौली भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में महाराजगंज जिला में महाराजगंज शहर के नगीचे एगो छोटहन कस्बा बा। ई भारत-नेपाल बॉर्डर पर पड़े ला आ भारतनेपाल के बीचा में आवाजाही के मशहूर जगह हवे जहाँ से ई बॉर्डर पार कइल जाला।

सोनौली जिला मुख्यालय महराजगंज, उत्तर प्रदेश से लगभग 75 किमी दूर आ गोरखपुर से 90 किमी बा जवन नजदीकी प्रमुख शहर ह। सोनौली से सभसे नजदीकी रेलवे स्टेशन नौतनवा रेलवे स्टेशन बा जवन लगभग 7 किमी दूर बा आ अब भारतीय रेलवे नेटवर्क से बढ़िया से जुड़ल बा। एकरा से पहिले नौतनवा के गोरखपुर से मीटर गेज रेलवे ट्रैक (छोटी लाइन) के माध्यम से जोड़ल गइल रहल। लेकिन इंडियन रेलवे नेटवर्क के विकास के संगे ए ट्रैक के ब्रॉड गेज में बदल दिहल गइल बा जवना से अब तेज आ लमहर दूरी के रेलवे ट्रांजिट के सुविधा मिले लागल बा।

सोनौली भारत–नेपाल सीमा क्रासिंग[संपादन करीं]

भारत-नेपाल बॉर्डर गेट सोनौली

उत्तर प्रदेश में सोनौली भारत–नेपाल सीमा क्रासिंग भा सोनौली इंटीग्रेटेड चेक पोस्ट सभसे लोकप्रिय आ नामी इंटीग्रेटेड चेक पोस्ट (ICP) हवे, जहाँ सीमा शुल्क आ आप्रवासन दुनों तरह के सुविधा बा।

घूमे लायक जगह[संपादन करीं]

हालांकि सोनौली खुद कवनो खास पर्यटन स्थल खातिर हवे, बाकिर इ नेपाल में के सुप्रसिद्ध बौद्ध पर्यटन स्थल लुंबिनी यानी भगवान गौतम बुद्ध के जनम के अस्थान से बहुत नगीचे पड़े ला।

नेपाल के भैरहवा में सबसे नजदीकी हवाई अड्डा बा जवन सोनौली सीमा से बस 4 किलोमीटर दूर बा। वर्तमान में ई खाली घरेलू हवाई अड्डा हवे हालाँकि एकर अंतर्राष्ट्रीय टर्मिनल आ रनवे के निर्माण चल रहल बा आ 2019 के अंत में खुले वाला रहल। गोरखपुर हवाई अड्डा एहिजे से भारत के सभसे नजदीकी हवाई अड्डा हवे जे सीमा से लगभग 83 किमी दूर बा सभसे बड़ हवाई अड्डा हवे जे सिविल आ लड़ाकू जेट दुनों खातिर काम करे ला।