भारतीय रेल
भारतीय रेल चाहे अंग्रेजी नाँव इंडियन रेलवे (अंग्रेजी: Indian Railways) भारत सरकार के रेल मंत्रालय के अधीन संचालित होखे वाला एगो सरकारी विभागीय उपक्रम हवे, जे भारत के राष्ट्रीय रेल व्यवस्था के संचालन करे ला।[नोट 1] साल 2024 के डेटा अनुसार, भारतीय रेल नेटवर्क के साइज के आधार पर दुनिया के चौथा सबसे बड़हन राष्ट्रीय रेल सिस्टम बाटे। भारतीय रेलवे के कुल ट्रैक लंबाई लगभग 135,207 किमी (84,014 मील), रनिंग ट्रैक लंबाई 109,748 किमी (68,194 मील) आ रूट लंबाई 69,181 किमी (42,987 मील) रहल। एहमें से लगभग 66,820 किलोमीटर लाइन ब्रॉड गेज 1,676 mm (5 ft 6 in) वाली बा। अक्टूबर 2025 तक भारतीय रेल के ब्रॉड गेज नेटवर्क के लगभग 99.1 परसेंट हिस्सा के इलेक्ट्रिफिकेशन (बिद्युतीकरण) कइल जा चुकल रहे। भारतीय रेल में 12 लाख से बेसी कर्मचारी नोकरी क रहल बाड़ें। कर्मचारी संख्या के आधार पर ई दुनिया के नउवाँ सबसे बड़ा नियोक्ता (रोजगार देवे वाला संगठन) आ भारत में भारतीय सेना के बाद दूसरहा सबसे बड़ा रोजगार देवे वाली संस्था हवे।
साल 1951 में भारत में चले वाली 42 ठे बिबिध अलग-अलग रेल कंपनिन सभ के एक्के में बिलय क के भारतीय रेल के अस्थापना कइल गइल। ओह समय एह संजुक्त रेल नेटवर्क के कुल लंबाई लगभग 55,000 किमी (34,000 मील) रहल। प्रशासनिक सुबिधान खाती 1951–52 में देश के रेल नेटवर्क के 6 गो क्षेत्रीय रेल जोन में पुनर्गठित कइल गइल। बाद के सालन में रेल बेवस्था के बिस्तार आ बेहतर मैनेजमेंट के जरूरत के धियान में रखत एह जोनन के संख्या धीरे-धीरे बढ़ावल गइल, आ समय के साथ ई बढ़ के अब 18 जोन हो चुकल बाटे।[नोट 2]
भारतीय रेल विभिन्न प्रकार के एक्सप्रेस, पसिंजर, उपनगरीय (सबअर्बन) आ मालगाड़ी सेवा के संचालन करेला। वित्तीय वर्ष 2023–24 में भारतीय रेल रोजाना औसतन 13,198 पसिंजर ढोवे वाली ट्रेन चलवले रहल, जे 7,325 रेलवे स्टेशनन के सर्विस देत रहल। एह दौरान लगभग 6.905 अरब यात्री लोग रेल सेवा के उपयोग कइलें। माल ढोवे के क्षेत्र में भारतीय रेल रोजाना औसतन 11,724 मालगाड़ी चलवले रहल आ कुल 1,588.06 मिलियन टन माल के ढुलाई कइलस। भारतीय रेल अलग-अलग प्रकार के रोलिंग स्टॉक (रेल वाहन) के संचालन करेला। एहमें इस्तेमाल होखे वाला डिब्बा आ अउरी रेल वाहन मुख्य रूप से भारतीय रेल के अपनहीं कोच-निर्माण कारखाना सभ में बनावल जालें। मार्च 2024 तक भारतीय रेल के रोलिंग स्टॉक में 3,27,991 माल डिब्बा (फ्रेट वैगन) आ 91,948 यात्री कोच शामिल रहल, जवना में मल्टीपल यूनिट कोच भी सम्मिलित बाड़ें। फरवरी 2026 तक लें भारतीय रेल के लगे कुल 13,569 ठे बिजली वाल इलेक्ट्रिक इंजन, 4,169 ठे डीजल इंजन आ 16 ठे भाप इंजन उपलब्ध रहलें।
फुटनोट
[संपादन करीं]- ↑ In India, State-owned enterprises can be organised into three forms: Departmental undertakings, statutory corporations, or public companies. A departmental undertaking functions under the respective ministry or department of government, and is fully financed by the ministry.[1][2]
- ↑ 17 ऑपरेशनल आ एक ठो नॉन-ऑपरेशनल। साउथ कोस्ट रेलवे जोन के घोषणा भइल बाटे बाकी ई अभिन साल 2025 ले ऑपरेशनल (चालू) ना हो पवले बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Virendra Kumar (1976). Committees And Commissions In India Vol. 7 : 1966. Concept Publishing Company. p. 128. ISBN 978-8-17022-216-3.
- ↑ Vishnoo Bhagwan; Vidya Bhushan. Indian Administration. S. Chand Limited. ISBN 978-8-12190-402-5.
| ई रेल यातायात-संबंधी लेख भारतीय रेल के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |