चौदंडीगढ़ी
Chaudandigadhi
चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका | |
---|---|
चौदण्डीगढी नगरपालिका | |
Coordinates: 26°52′48″N 86°56′24″E / 26.88000°N 86.94000°Eनिर्देशांक: 26°52′48″N 86°56′24″E / 26.88000°N 86.94000°E | |
Country | ![]() |
प्रदेश | कोशी प्रदेश |
जिला | उदयपुर |
कुल वार्ड | 10 |
स्थापित | 10 मार्च 2015 |
Government | |
• Type | मेयर–परिषद |
• Body | चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका |
• मेयर | निर्मल कुमार राई |
• उपमेयर | रीता चौधरी |
Area of Municipality | |
• Total | 28,378 किमी2 (10,957 बर्ग मील) |
Population (2011) | |
• Total | 48,574 |
Languages | |
• Official | नेपाली |
Time zone | UTC+5:45 (नेमास) |
Website | [1] |
चौदण्डीगढ़ी नेपाल के कोशी प्रदेश के उदयपुर जिला के 4 गो नगरपालिका में से एगो ह। 2011 के जनगणना के हिसाब से एकर कुल जनसंख्या 48,574 बा आ कुल क्षेत्रफल 283,78 किमी² बा। एकर मुख्यालय बेलटार (पहिले के बेलटार-बसाहा नगरपालिका के कार्यालय) में बा।
ई नगरपालिका के निर्माण पहिले के बेलटार-बसाहा नगरपालिका में कुछ गाविस के मिला के 10 मार्च 2017 के भइल।
ई नगरपालिका के पूरब में बेलका नगरपालिका, पच्छिम में त्रियुगा नगरपालिका, उत्तर में खोटाँग जिला आ भोजपुर जिला आ दक्खिन में सुनसरी जिला बा। [1]
नगरपालिका के मेयर के पद पर निर्मल कुमार राई आ उपमेयर के पद पर रीता चौधरी बानी।[2]
समाविष्ट इकाई[संपादन करीं]
चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका में समाविष्ट इकाई सभ:
- बेलटार-बसाहा नगरपालिका
- चौदण्डी गाविस
- सिद्धिपुर गाविस
- हड़िया गाविस
- सुंदरपुर गाविस
इतिहास[संपादन करीं]
सभन से पहिले बेलटार गाविस आ बसाहा गाविस (दुगो गाविस) के मिला के एगो नगरपालिका बनल, जेकर नाम पड़ल बेलटार-बसाहा नगरपालिका। ई नगरपालिका के स्थापना 18 मई 2014 के भइल रहल।[3][4]
मार्च 2017 में बेलटार-बसाहा नगरपालिका में कुछ अउर गाविस के मिला के चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका बना दिहल गइल। एकर नाम बेलटार-बसाहा से हटा के चौदण्डीगढ़ी गाविस के नाम पर चौदण्डीगढ़ी रख दिहल गइल। काहे की चौदण्डी एगो ऐतिहासिक स्थल भी ह।
उदयपुर जिला के नेपाल में एकीकरण करे से पहिले पूरा उदयपुर चौदण्डी अधिराज्य (Kingdom of Chaudandi) के नाम से जानल जात रहल आ एहिजा सेन वंश के शासन रहल। एकर राजधानी हाल के उदयपुरगढ़ी गांवपालिका में रहल।
References[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
- ↑ Nepal Govt., नेपाली. "चौदण्डीगढी नगरपालिका" [Chaudandigadhi Municipality] (Nepali में). Retrieved 5 अक्टूबर 2017.
- ↑ "NC candidates elected mayor, deputy mayor in Chaudandi of Udayapur". The Himalayan Times. 3 July 2017. Retrieved 5 अक्टूबर 2017.
- ↑ 72 new municipalities announced Archived June 18, 2014,वेबैक मशीन पर . My Republica
- ↑ Govt announces 72 new municipalities The Kathmandu Post