चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
Chaudandigadhi
चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका
नगरपालिका
चौदण्डीगढी नगरपालिका
Chaudandigadhi is located in Nepal
Chaudandigadhi
Chaudandigadhi
Location in Nepal
निर्देशांक: 26°52′48″N 86°56′24″E / 26.88000°N 86.94000°E / 26.88000; 86.94000निर्देशांक: 26°52′48″N 86°56′24″E / 26.88000°N 86.94000°E / 26.88000; 86.94000
Country  नेपाल
प्रदेश प्रदेश संख्या १
जिला उदयपुर
कुल वार्ड 10
स्थापित 10 मार्च 2015
सरकार
 • प्रकार मेयर–परिषद
 • संस्था चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका
 • मेयर निर्मल कुमार राई
 • उपमेयर रीता चौधरी
रकबा of Municipality
 • कुल 283,78 किमी2 (10,957 बर्गमील)
जनसंख्या (2011)
 • कुल 48,574
Languages
 • Official नेपाली
टाइम जोन नेमास (यूटीसी+5:45)
वेबसाइट [1]

चौदण्डीगढ़ी नेपाल के प्रदेश संख्या १ के उदयपुर जिला के 4 गो नगरपालिका में से एगो ह। 2011 के जनगणना के हिसाब से एकर कुल जनसंख्या 48,574 बा आ कुल क्षेत्रफल 283,78 किमी² बा। एकर मुख्यालय बेलटार (पहिले के बेलटार-बसाहा नगरपालिका के कार्यालय) में बा।

ई नगरपालिका के निर्माण पहिले के बेलटार-बसाहा नगरपालिका में कुछ गाविस के मिला के 10 मार्च 2017 के भईल।

ई नगरपालिका के पूरब में बेलका नगरपालिका, पच्छिम में त्रियुगा नगरपालिका, उत्तर में खोटाँग जिलाभोजपुर जिला आ दक्खिन में सुनसरी जिला बा। [1]

नगरपालिका के मेयर के पद पर निर्मल कुमार राई आ उपमेयर के पद पर रीता चौधरी बानी।[2]

समाविष्ट इकाई[संपादन]

चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका में समाविष्ट इकाई सभ:

  • बेलटार-बसाहा नगरपालिका
  • चौदण्डी गाविस
  • सिद्धिपुर गाविस
  • हड़िया गाविस
  • सुंदरपुर गाविस

इतिहास[संपादन]

सभन से पहिले बेलटार गाविस आ बसाहा गाविस (दुगो गाविस) के मिला के एगो नगरपालिका बनल, जेकर नाम पड़ल बेलटार-बसाहा नगरपालिका। ई नगरपालिका के स्थापना 18 मई 2014 के भईल रहल।[3][4]

मार्च 2017 में बेलटार-बसाहा नगरपालिका में कुछ अउर गाविस के मिला के चौदण्डीगढ़ी नगरपालिका बना दिहल गईल। एकर नाम बेलटार-बसाहा से हटा के चौदण्डीगढ़ी गाविस के नाम पर चौदण्डीगढ़ी रख दिहल गईल। काहे की चौदण्डी एगो ऐतिहासिक स्थल भी ह।

उदयपुर जिला के नेपाल में एकीकरण करे से पहिले पूरा उदयपुर चौदण्डी अधिराज्य (Kingdom of Chaudandi) के नाम से जानल जात रहल आ एहिजा सेन वंश के शासन रहल। एकर राजधानी हाल के उदयपुरगढ़ी गांवपालिका में रहल।

References[संपादन]

  1. Nepal Govt., नेपाली; "चौदण्डीगढी नगरपालिका" [Chaudandigadhi Municipality] (Nepali मे); पहुँचतिथी 5 October 2017. 
  2. "NC candidates elected mayor, deputy mayor in Chaudandi of Udayapur"; The Himalayan Times; 3 July 2017; पहुँचतिथी 5 October 2017. 
  3. 72 new municipalities announced Archived June 18, 2014,वेबैक मशीन पर . My Republica
  4. Govt announces 72 new municipalities The Kathmandu Post