सुजीत कुमार

विकिपीडिया से
सुजीत कुमार
जनम(1934-02-07)7 फरवरी 1934
बनारस, उत्तर प्रदेश, भारत
निधन5 फरवरी 2010(2010-02-05) (उमिर 75)
मुंबई, भारत
पेशाएक्टर, प्रोड्यूसर
सक्रियता साल1960–2001
संतानजतिन कुमार, हिना

सुजीत कुमार (जनम नाँव: शमशेर सिंह, 7 फरवरी 1934 – 5 फरवरी 2010) एगो भारतीय फिलिम एक्टर आ प्रोड्यूसर रहलें। सुजीत कुमार लगभग 150 से ढेर हिंदी फिलिम सभ में लउकलें आ इनके सक्रियता 1960, '70s आ '80 के दशक रहल; साथे-साथ लगभग 25 गो भोजपुरी फिलिम सभ में भी काम कइलें। 1990के बाद ई एक्टिंग छोड़ के मुख्य रूप से प्रोडक्शन के काम करे लगलें।

सुजीत कुमार भोजपुरी सिनेमा के बड़हन हस्ती रहलें।[1] हिंदी फिलिम सभ में आमतौर पर विलेन भा चरित्र अभिनेता के रूप में काम कइलें[2] जबकि कई भोजपुरी फिलिम सभ में मुख्य भूमिका में लउकलें।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. By: Gayathry V Pillai (2010-02-06). "Actor Sujith Kumar died of cancer — Oneindia Entertainment". Entertainment.oneindia.in. Archived from the original on 2014-02-02. Retrieved 2014-01-26.
  2. "Character actor Sujit Kumar no more". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 6 February 2010. Archived from the original on 2012-05-15. Retrieved 2017-08-09.

इहो देखल जाय[संपादन करीं]