रवि किशन

विकिपीडिया से
रवि किशन
निजी जानकारी
जनमरवि किशन शुक्ल
(1971-07-17) 17 जुलाई 1971 (उमिर 52)[1]
जौनपुर, उत्तर प्रदेश, भारत[1]
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीभारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस (2014)
भारतीय जनता पार्टी (2017 - ) [2]
जीवनसाथीप्रीती[1]
माई-बाबूजीश्याम नारायण शुक्ल आ जड़ावती देवी
अकुपेशनएक्टर, आवाज एक्टर

रवि किशन शुक्ल (जनम:17 जुलाई 1971) जिनके रवि किशन नाँव ढेर परसिद्ध बा, एक ठो भारतीय एक्टर बाने जे मुख्य रूप से भोजपुरी, हिंदी आ कुछ तेलुगु भाषा के सिनेमा सभ में अभिनय कइले बाने।[3] सन् 2006 में रवि किशन, बिग बॉस में हिस्सा लिहलें[4] आ 2012 में झलक दिखला जा में भी प्रतियोगी रहलें। ई गोरखपुर से सांसद बाटेन।

एक्टिंग कैरियर[संपादन करीं]

रवि किशन के पहिली फिलिम पीतांबर (1992) रहल[5] जौन एक ठो हिंदी भाषा के फिलिम रहल आ एह में ऊ मिथुन चक्रवर्ती आ शक्ति कपूर के साथ काम कइलेन। इनके पहिली भोजपुरी फिलिम सइयाँ हमार (2003) रहल जेवना से इनके काफी परसिद्धि मिलल। एकरा पहिले भी ऊ कई गो हिंदी फिलिम सभ में काम कइलेन जेह में हमारा फैसला (1997) काल निर्णय, मुकाम नियर फिलिम रहली।[6]

रवि किशन एकरे बाद भोजपुरी आ हिंदी दुन्नों भाषा की फिलिम में पूछ बढ़ल। इनके कुछ प्रसिद्ध फिलिम सभ में, हिंदी में तेरे नाम (2003), वेलकम टू सज्जनपुर (2008) लक (2009); भोजपुरी में सइयाँ हमार (2003), राम बलराम (2009), देवरा बड़ा सतावेला (2010), मोहल्ला अस्सी (2011), पंडित जी बताईं न बियाह कब होई 2 (2015); आ तेलुगु में रेस गुर्रम (2014) गिनावल जा सके लीं।

टीवी कैरियर[संपादन करीं]

सन् 2006 में रविकिशन बिग बॉस के पहिला सीजन में प्रतियोगी रहलें आ फाइनल में पहुँचले। एकरे अलावा झलक दिखला जा में हिस्सा लिहलें। हाल में एक से बढ़कर एक (जी टीवी कार्यक्रम) आ बाथरूम सिंगर नियर टीवी शो में काम कइलेन। किशन, एनडी टीवी के कार्यक्रम राज पिछले जनम के में होस्ट रहलें।

2013 में ईटीवी के कार्यक्रम सेल्स के बाजीगर में किशन जज रहलें।[7]

राजनीतिक कैरियर[संपादन करीं]

साल 2014 में रवि किशन भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के टिकट पर जौनपुर से लोक सभा के चुनाव लड़लें।[8] बाद में ऊ भाजपा में शामिल हो गइलेन।[9][10] 2019 के आम चुनाव खाती भाजपा इनका के गोरखपुर लोकसभा सीट से मैदान में उतारे जा रहल बा।[11][12]

निजी जीवन[संपादन करीं]

रवि किशन के जनम मुंबई में भइल जहाँ इनके बाबूजी, श्याम नारायण शुक्ल डेयरी के बिजनेस में रहलें। इनके माताजी के नांव जड़ावती देवी हऽ। बाद में, जब रवि दस साल के रहलें इनका पिताजी के बंबई छोड़ के अपना मूल घर केराकत, जौनपुर आवे के पड़ल।[1]

रवि के बियाह प्रीती से भइल बा आ इनके तीन गो बेटी आ एक ठो बेटा बाने।

रवि किशन अपना के भोजपुरी माई के बेटा माने लें।[13]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 "My father saved me from becoming a male prostitute: Ravi Kishan". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 31 अक्टूबर 2013. Retrieved 3 मार्च 2014.
  2. "Bhojpuri actor Ravi Kishan joins Bharatiya Janata Party : India, News - India Today". Indiatoday.intoday.in. Retrieved 2017-02-20.
  3. Ravi Kishan is enjoying his run in Telugu films
  4. "Story so far: Prompt in lip-service,poor in delivery | The Indian Express". Screenindia.com. 2009-02-08. Retrieved 2017-02-20.
  5. पीताम्बर, आइऍमडीबी पर।
  6. "रवि किशन - जीवनी" (अंग्रेजी में). IMDB. Retrieved 20 फरवरी 2017.
  7. "Ravi Kishan to judge Sales Ka Baazigar on ETV". Telly Chakkar. 9 अप्रैल 2013.
  8. "Bhojpuri Actor Ravi Kishan, Congress Candidate In 2014, Formally Joins BJP". Ndtv.com. Retrieved 2017-02-20.
  9. "Bhojpuri actor Ravi Kishan joins BJP". The Hindu. 2017-02-09. Retrieved 2017-02-20.
  10. "Actor Ravi Kishan joins BJP in presence of party president Amit Shah". The Indian Express. Retrieved 2017-02-20.
  11. हर्ष, कुमार. "रवि किशन के लिए कितना आसान होगा गोरखपुर जीतना". Retrieved 21 अप्रैल 2019.
  12. हर्ष, कुमार. "रवि किशनः फ़िल्मी गलियारे से भाजपा तक का सफ़र वाया कांग्रेस". बीबीसी हिंदी. बीबीसी. Retrieved 21 अप्रैल 2019.
  13. "रवि किशन: "भोजपुरी त हमार माई ह, अपना माई के कईसे भुलाई"". The Bhojpuri. 2015-03-19. Retrieved 2017-02-20.[मुर्दा कड़ी]