शुभी शर्मा
शुभी शर्मा | |
---|---|
जनम | जयपुर, भारत |
पेशा | एक्ट्रेस, टीवी प्रस्तुतकर्ता, मॉडल |
सक्रियता साल | 2008–वर्तमान |
शुभी शर्मा एक तो भारतीय एक्ट्रेस बाड़ी जे मुख्य रूप से भोजपुरी सिनेमा में सक्रिय बाड़ी।[1][2] शुभी के उनके 2008 के फिलिम चलनी के चालल दूल्हा खातिर जानल जाला जेह में ऊ दिनेश लाल यादव "निरहुआ" के सोझा काम कइली आ एह फिलिम में अपने रोल खातिर इनके 5वाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड्स में बेस्ट डेब्यू के इनाम मिलल।[3]
एक्टिंग कैरियर[संपादन करीं]
शर्मा आपन एक्टिंग कैरियर के सुरुआत 2008 के फिलिम चलनी के चालल दुलहा से कइली जेह में ऊ निरहुआ के बिपरीत हिरोइन रहली। इनके अन्य उल्लेख जोग फिलिम सभ में आज के करन अर्जुन दिनेश लाल यादव के साथ, भइया के साली ओढ़निया वाली पवन सिंह के साथ, संतान रवि किशन के साथ, आ छपरा एक्सप्रेस खेसारी लाल यादव के साथ रहल बा।[4]
सन 2015 में जॉन अब्राहम के फिलिम वेलकम बैक में एक ठो मशहूर गाना "मैं बबली हुई तू बंटी हुआ..." में शर्मा जॉन के साथ डांस करत लउकली आ उनके डांस के तारीफ भी भइल।[5]
मशहूर हिंदी फिलिम राम लखन के भोजपुरी में बन रहल एही नाँव के रीमेक में शर्मा के काम करे के खबर बा।[6]
बीछल फिल्मोग्राफी[संपादन करीं]
साल | फिलिम | भाषा |
---|---|---|
2008 | चलनी के चालल दुलहा | भोजपुरी |
2010 | भइया के साली ओढ़निया वाली | भोजपुरी |
2011 | संतान | भोजपुरी |
2013 | दूल्हे राजा | भोजपुरी |
2013 | छपरा एक्सप्रेस | भोजपुरी |
2014 | भोजपुरिया दिल की धड़कन | भोजपुरी |
2016 | दुल्हन चाही पकिस्तान से | भोजपुरी |
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "भोजपुरी एक्ट्रेस शुभी शर्मा". दैनिक भास्कर. 4 अगस्त 2012. Retrieved 22 फरवरी 2014.
{{cite news}}
: Italic or bold markup not allowed in:|newspaper=
(help) - ↑ "Shubhi's the formula for hit films" [शुभी शर्मा बाड़ी हिट फिलिम के फार्मूला]. दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 11 जून 2013. Retrieved 17 मार्च 2014.
{{cite news}}
: Italic or bold markup not allowed in:|newspaper=
(help) - ↑ 5वाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड्स
- ↑ "List of movies". बॉलीवुड हंगामा. Retrieved 22 फरवरी 2014.
{{cite web}}
: Italic or bold markup not allowed in:|publisher=
(help) - ↑ "जॉन इब्राहम की बबली शुभी शर्मा". bhojpurixp.com (हिंदी में). Retrieved 20 फरवरी 2017.
- ↑ "लखन की धनुष बनी ड्रीम गर्ल अभिनेत्री शुभी शर्मा". bhojpurimahfil.in. 12 जुलाई 2016. Retrieved 20 फरवरी 2017.