शीतलहरी
Appearance
शीतलहरी भा शीतलहर भारत में जाड़ा की सीजन में बहुते बेसी ठंढा के दौर होला, खास क के उत्तरी भारत में जब तापमान अतना नीचे गिर की खुला में आदमी के जान ले जा सके के खतरा हो जाला। शीतलहरी के एक किसिम के प्राकृति आफत-बिपत के दर्जा दिहल गइल बाटे। एगो आँकड़ा के हिसाब से बिहार आ उत्तर प्रदेश में शीतलहरी से सभसे बेसी मउअत होखे लीं।[1]
अइसन मौसमी घटना दुनियाँ के औरियो देसन में देखे के मिले लीं। अमेरिका में तापमान में अचानक तेजी से गिरावट के कोल्ड वेव के नाँव दिहल जाला[2] जबकि जब मौसम में आइल अचानक ठंढक कई दिन ले जारी रहे ले तब एकरा के कोल्ड स्पेल कहल जाला।[3]
परिभाषा
[संपादन करीं]भारतीय मौसम बिभाग शीतलहर के दू तरीका से परिभासा देला 10 °C से कम तापमान होखल आ नार्मल से -4.5°C से -6.4°C ले गिर जाइल।[4][5]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ अभिनव वालिया; बी. पी. यादव. "Cold Waves and its Management in India" (pdf). NDMA. ndma.gov.in (अंग्रेजी में). भारत सरकार. National Disaster Management Authority (NDMA). Retrieved 2 जनवरी 2026.
{{cite web}}: Cite has empty unknown parameter:|1=(help) - ↑ "Cold Wave (MH0502)". UNDRR. 7 June 2023. Retrieved 2 January 2026.
- ↑ "Human Verification". Human Verification. Retrieved 2 January 2026.
- ↑ "FAQ on Cold Wave (IMD)" (PDF). mausam.imd.gov.in. Retrieved 2 जनवरी 2026.
- ↑ "Cold wave (in Hazard Atlas)" (PDF). imdpune.gov.in. IMD Pune. Retrieved 2 जनवरी 2026.
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |