सुपरनोवा

विकिपीडिया से
SN 1994D (निचला हिस्सा में बाएँ ओर चमकदार बिंदु), एगो टाइप Ia सुपरनोवा, NGC 4526 गैलेक्सी

सुपरनोवा एक ठो ब्रह्मांडीय घटना बा जवन कौनों बिसाल तारा के जीवन के अंत में ओकरे बिस्फोट के रूप में घटित होले। एह घटना में एतना अँजोरऊर्जा निकलेला कि कुछ समय खातिर पूरा गैलेक्सी के प्रकाश से ढेर प्रकाश ई अकेले पैदा क देला।

सुपरनोवा, नोवा से ढेर एनर्जेटिक होला। "सुपरनोवा" शब्द लातीन भाषा के "नोवा" से बनल बाटे जेकर मतलब नया होला। 1572 ई॰ में टाइको ब्राहे एगो सुपरनोवा के बिस्फोट देखलें आ एह नया किसिम के तारा ले अपने किताब "ला स्तेल्ला नोवा" में बर्णन कइने। एही के बाद एकर नाँव नोवा पड़ि गइल।

पिछला एक हजार बरिस में खाली तीन गो सुपनोवा देखल गइल बा जवना में आखिरी 1604 के केपलर तारा (एसएन 1604) रहे, बाकी दू गो पुरनका के छाड़न खोजल गइल बाटे[1]; हालाँकि दूरबीन बिधि से अउरी दूसरी गैलेक्सी सभ में इ घटना देखल गइल बाटे।

एकरे अन्दर बिस्फोट के बाद ई लगभग 30,000 किलोमीटर प्रति सेकेंड (प्रकाश के वेग के 10%) के दर से आकाशीय सामग्री के अपना से दूर फेंके ला। एह से एगो शॉक-वेव[2] के निर्माण हो जाला आ आसपास काफ़ी दूर तक पदार्थ छितरा जाला। अइसना पदार्थ के सुपरनोवा छाड़न कहल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Reynolds, Stephen P.; et al. (2008). "The Youngest Galactic Supernova Remnant: G1.9+0.3". The Astrophysical Journal Letters. 680 (1): L41–L44. arXiv:0803.1487. Bibcode:2008ApJ...680L..41R. doi:10.1086/589570.
  2. Schawinski, Kevin; et al. (2008). "Supernova Shock Breakout from a Red Supergiant". Science. 321 (5886): 223–226. arXiv:0803.3596. Bibcode:2008Sci...321..223S. doi:10.1126/science.1160456. PMID 18556514.