विकिपीडिया:हटावे खातिर लेख

विकिपीडिया से

प्रबंधक निर्देस

हटावे खातिर लेख अइसन जगह हवे जहाँ प्रयोगकर्ता लोग कौनों लेख के हटावे खातिर चर्चा (हचर्चा) करे ला कि का लेख के हटावल जाय। लेखवन पर अइसन चर्चा आमतौर पर एक हप्ता ले चले ले, एकरे बाद विकिपीडियन समुदाय के आम सहमति के धियान में रख के हटावे के प्रक्रिया लागू होखे ले।

चर्चा के कुछ आम परिणाम हो सके लें कि लेख के:

रखल जाय, बिलय कइल जाय, प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में (सुधार खाती) भेज दिहल जाय, ट्रांसविकि कइल जाय, नाँव बदलल जाय/स्थानांतरण कइल जाय या फिर हटा दिहल जाय

एह पन्ना पर, चालू नामांकन के कड़ी, नया नामांकन करे से पहिले का बिचार करे के चाहीं, नामांकन कइसे कइल जाय, आ कौनों नामांकन में चर्चा में हिस्सा कइसे लिहल जाय, एह चीज सभ के बिबरन दिहल गइल बा। नामांकन के बाद, चर्चा के समापन हटावे के प्रक्रिया के तहत होला।

अगर आप कौनों पन्ना के हटावे खाती नामांकन कइल चाहत बानी, विकिपीडिया के, हटावे के नीति में पैमान बतावल गइल बाड़ें। अगर जल्दी से हटावे के पैमान पर लेख आ रहल बा तब जल्दी से हटावे के नामांकन करीं, अगर नामांकन के बिनाबिबाद सफल होखे के पूरा बिस्वास होखे प्रस्ताव द्वारा हटावे के नामांकन करीं। अन्य दशा में, पन्ना हटावे खातिर इहाँ नीचे बतावल प्रक्रिया से नामांकन कइल जा सकत बा।

वर्तमान आ पुरान नामांकन[संपादन करीं]

नीचे पछिला एक हप्ता के लॉग बा, जवन कड़ी नीला बा ओही दि के चर्चा मौजूद बा:
  • 8 मार्च (शुक)
  • 7 मार्च (बियफे)
  • 6 मार्च (बुध)
  • 5 मार्च (मंगर)
  • 4 मार्च (सोमार)
  • 3 मार्च (अतवार)
  • 2 मार्च (शनिच्चर)
  • 1 मार्च (शुक)

लेख हचर्चा में भागीदारी[संपादन करीं]

विकिबेहवार[संपादन करीं]

  • चर्चा में भाग लेवे वाला लोग से उमेद कइल जाला कि लोग सभ्य तरीका से बेहवार करी, विकिपीडिया परंपरा के अनुसार एक दूसरा के संबोधित करी, बिना पूर्वग्रह के एक दुसरे से बिसय पर चर्चा करी आ नया सदस्य लोग के ऊपर खउखियाई ना।
    • ई चीज अन्य हटावे संबंधी पन्ना पर भी लागू होला।
  • लेख हचर्चा एगो पब्लिक चीज हवे, एकरा के प्रेस आ मीडिया में भी कोट कइल जा सके ला।[1][2] हमेशा धियान रखीं कि आप आम जनता के सोझा बानी आ एही अनुसार सभ्यता के बेहवार भी करीं, जइसे विकिपीडिया पर आपके कौनो भी संपादन बा, जेकरा के आम पब्लिक पढ़े ले ओइसहीं ई चर्चा कुल भी बाड़ी सऽ।
  • जे आपसे सहमत न होखे ओहू के प्रति ब्यक्तिगत हमला मत करीं; कटुता वाली भाषा में ब्यंग वगैरह मत करीं आ सहज रहीं (स्टे कूल)।
  • केहू जिंदा भा गुजर चुकल ब्यक्ति के बारे में संदर्भहीन खराब बात, निंदा करे वाली बात मत लिखीं; एकरा के केहूओ संपादक द्वारा हटावल जा सके ला।
  • हचर्चा कई बेर आपके मतदान नियर प्रक्रिया बुझा सके ले, हालाँकि, ई एह तरीका से ना लागू होले। राउर मत खाली गिनती के चीज ना हवे बलुक ओम्मे संदर्भ आ तर्क के केतना वजन बा आ विकिनीति आ विकिपरंपरा के केतना अनुरूप बा ई तय करे ला कि आपके मत के केतना वजन दिहल जाय:
    • टैली बक्सा मत जोड़ीं (जेह में रखे, हटावे वगैरह के पक्ष के संख्या के सारिणी बना के देखावल गइल होखे)
    • टिप्पणी जवना क्रम में आइल बा ओही क्रम में बरकरार रखल जाय। रखे खाती, हटावे खाती वगैरह नियर वर्ग बना के इनहन के क्रम मत बदलीं; एह से चर्चा के सहज बहाव में बाधा होखी आ मत के ध्रुवीकरण आ कौनों खास मत से बाकी लोग के परभावित होखे के संका रही; ई चर्चा के प्रक्रिया के चुनाव भा मतगणना नियर रूप में भी देखावे लागे ला।
    • केहू संपादक के चर्चा में शामिल होखे खाती संनेसा मत भेजीं कि ऊ आपके मत के समर्थन करे। ई वोट जुटावे के काम के रूप में देखल जा सके ला। विकिपीडिया पर कन्वेसिंग नियर चीज के मनाहीं बा। हँऽ आप लेख में अक्सर योगदान करे वाला लोग या रुचि रखे वाला लोग के दोस्ताना बाकी न्यूट्रल सनेसा भेज सकत बानी ताकि लोग चर्चा में सामिल हो सके भले आपके मत से उनहन लोग के सहमती ना होखे।
  • कई एक्के नियर लेख एक साथ नामांकित कइल जा सकत बाने, ताकि बेर बेर एकही बात खाती चर्चा न करे के पड़े। हालाँकि, अगर कौनों सामूहिक नामांकन में नामांकित लेखवन में बहुत भिन्नता बा आ संबंध साफ नइखे दिहल गइल कारण सभ पर एक्के नियर लागू नइखे होखत, चर्चा के बाँटल जा सके ला आ कुछ लेखवन के तुरंत रखल भी जा सके ला।
  • जबले लेख हटावे के चर्चा से गुजर रहल बा, लेख के नाँव बदलल उचित नइखे, हालाँकि एपर कौनों रोक ना बा लेकिन ई बहुत भरम पैदा क सके ला आ हचर्चा समापन खाती इस्तेमाल होखे वाली ऑटोमेटिक स्क्रिप्ट सभ के रिजल्ट गड़बड़ा सके ला। नाम बदले भा स्थानांतरण के आपन सुझाव चर्चा में लिखीं, जबले एकदम जरूरी न होखे (जइसे कि नाँव एकदम आपत्तिजनक होखे) तबतक अइसन लेख के नाम मत बदलीं।

चर्चा में योगदान कइसे करीं[संपादन करीं]

लेख हचर्चा में योगदान करे के आम तरीका नीचे दिहल जात बा:

  • संपादक लोग मोट अच्छर में, उदाहरण खाती, "रखल जाय", "हटावल जाय", "बिलय करीं", "अनुप्रेषित करीं", या अन्य नजरिया/मत के साथ अपना कमेंट के सुरुआत करे ला। कई गो ऑटोमेटिक औजार खाली बोल्ड पाठ के पढ़ पावे लें।[3]
  • मोट अच्छर के लिखल पाठ से पहिले, एकदम सुरू में सितारा (*) लगा के कमेंट के सुरुआत करीं, एकरा से बिंदीदार लिस्ट (बुलेटेड लिस्ट) के रूप में कमेंट अलग अलग चिन्हालें, आ अंत में आपन दसखत~~~~ डाल के जोड़ीं। अगर आप केहू के कमेंट पर उत्तर दे रहल होखीं ओकरे कमेंट के ठीक नीचे आपन बात लिखीं आ निश्चित करीं आपके के पहिले हाशिया सही से छूटे (यानी जरूरत अनुसार सितारा * के कई बेर इस्तेमाल करीं)।
  • अगर आप अपने खुद के कमेंट के बिस्तार कइल चाहत होखीं, अपना बिंदीदार लिस्ट भइल कमेंट के नीचे नया पैराग्राफ में लिखीं आ कॉलन (:) के इस्तेमाल से साफ हाशिया छोड़ीं। अगर कौनो कमेंट प पहिलहीं केहू अउरी कमेंट क चुकल बा आ आपो मूल कमेंट प कमेंट करल चाहत बानी, आपन कमेंट नीचे लिखीं आ सितारा के संख्या के इस्तेमाल से छूटे वाला हाशिया से ई बात साफ होखे के चाहीं की आप कवना कमेंट पर उत्तर दे रहल बानी।
  • वोटिंग टेम्पलेट सभ {{समर्थन}}, {{बिरोध}} के इस्तेमाल अपना कमेंट में मत करीं।
  • अगर लेख भा लेख के बिसय के आपके कौनो निजी रुचि, ब्याक्तिगत जुड़ाव, निजी परिचय वगैरह होखे, साफ-साफ घोषित करीं।
  • लेख के धियान से पढ़ के आपन मत ब्यक्त करीं, सीधे नामांकन पन्ना पर आ के लेख के टाइटिल, नामांकन के कारण आ अन्य संपादक लोग के राय के आधार पर आपन बिचार मत ब्यक्त करीं।

नीचे लिखल चीज के धियान में रखीं:

  • चर्चा वोट ना हवे; अइसन सुझाव मत दीं जेकरा के तर्क से समर्थित न कइल जा सके।
  • आपन प्रतिक्रिया लिखत समय साफ लिखीं कि कवना तरीका से लेख नीति के अनुसार बा या नीति के अनुसार नइखे।
  • चर्चा में, कई खाता बना के हिस्सा लिहल कठोरता से मना बा; अइसन करे पर आपके कठपुतरी खाता चलावे खाती अनिश्चित काल खाती विकिपीडिया पर संपादन करे से रोक दिहल जाई।
  • आपन मत आप दूसरा केहू के कमेंट पर उत्तर देत समय दोहरा सकत बानी, बाकी बोल्ड अच्छर में दोबारा अलग या बिंदीदार कमेंट के रूप में दोबारा मत लिखीं।
  • नामांकन करे वाला के अलगा से दोबारा टिप्पणी में हटावे के बात ना लिखे के होला, ओकरे द्वारा नामांकन कइल गइल, एह में ई बात पहिलहीं सामिल बा।
  • अंतर्बिरोध वाला टिप्पणी मत लिखीं, अगर आपके राय बदल जाय, आपन पुरान टिप्पणी के<s></s> बीच में क दीं, जवना से ऊ कट जाई; आगे नया मत लिख दीं ओही बिंदी * के आगे, उदाहरण खाती "• हटावल जाय रखल जाय", अलगा से नया बिंदीदार कमेंट मत सुरू करीं।
  • आईपी (बिना खाता के) संपादन करे वाला लोग के भी मत देवे खाती स्वागत बा। हालाँकि, अगर खराब नीयत से दिहल कमेंट होखे तब ओकरा के ना गिनल जाई। नामांकन से पहिले खाता बनल सदस्य लोग के मत के ढेर वजन दिहल जाला।

हमेशा सीधा-ढंग से टिप्पणी करे के अलावा भी कुछ बेहतर तरीका हो सके ला:

  • उल्लेखनीयता न होखे के बात सीधे लिखे के बजाय आप इहो लिख सकत बानी कि "वि:जीवनी नीति" पर लेख सटीक नइखे, एह तरीका से लेख के बिसय के अपमान करे से बचल जा सके ला।
  • अगर आप कौनों लेख के हटावे से बचावल चाहत बानी, ओह लेख में सीधे सुधार क के रखे लायक बना सकत बानी।
  • लेख के हटावे के बजाय आदर्श रूप में अन्य बेहतर बिकल्प, सुधार, बिलय वगैरह हमेशा खोजल जाए के चाहीं।

आपके हर नामांकन में राय दिहल जरूरी नइखे; चर्चा में हिस्सा ना लेवे पर बिचार करीं:

  • अगर नामांकित लेख के बिसय से आप परिचित न होखीं
  • अगर आपके लागे की आम सहमती पहिलहीं बन चुकल बा।


नामांकन[संपादन करीं]

नामांकन से पहिले[संपादन करीं]

कौनों लेख के नामांकन करे से पहिले कुछ चीज के बारे में निश्चित हो लेईं:

A. ई नीति आ दिसनिर्देस सभ पढ़ आ समझ लीं
  1. विकिपीडिया पर पन्ना हटावे के नीति, जेह में हटावे के बैध कारण लिखल बाहटावे के अलावा अउरी का कइल जा सके लाहटावे के प्रक्रिया के बिबरन भी दिहल गइल बा।
  2. हटावे के चर्चा में सभसे उपयोगी पाँच गो नीति: उल्लेखनीयता, सत्यापन, बिस्वसनीय स्रोत, विकिपीडिया का ना हवे, आ मूल रिसर्च मनाहीं
B. ई चीज जाँच लीं
  1. जाँच लेईं कि लेख तुरंत हटावे लायक त ना बा, या निर्बिबाद रूप से प्रस्ताव भर से हटावल त ना जा सके ला; अगर अइसन होखे तब तुरंत हटावे के नामांकन करीं या प्रस्ताव वाला नामांकन करीं।
  2. अगर उल्लेखनीयता, सत्यापनीयता या अन्य कौनों संदर्भ संबंधी समस्या होखे, पहिले खुद बिस्वास जोग स्रोत खोजीं (देखीं स्टेप D.)
  3. लेख के इतिहास देख लीं कि कहीं उत्पात, या खराब संपादन के कारण त वर्तमान स्थिति ना हो गइल बा।
  4. लेख के वार्ता पन्ना देखीं। उहाँ पहिले भइल नामांकन के जानकारी हो सके ला, या फिर आप जवना समस्या के कारण हटावे के नामांकन कइल चाहत बानी ओह समस्या पर भी चर्चा भइल होखे अइसन भी हो सके ला।
  5. जाँच के देखीं "कि लेख से का जुड़ल बा" जवना से आपके पता चली कि विकिपीडिया पर ई कवना तरीका से, आ कहाँ कहाँ संदर्भित बा।
  6. अन्य भाषा के कड़ी जाँच लीं, साइडबार में भी, आ लेख के भीतर भी। अगर दुसरे विकिपीडिया पर लेख जुड़ल बा, ओह लेख के देखे से भी कुछ मदद मिल सके ला।
C. बिचार क लीं कि लेख के हटावे के जगह सुधार त ना कइल जा सके ला
  1. अगर लेख में सामान्य संपादन से सुधार कइल जा सकत बा, हटावे के नामांकन ना करे के चाहीं।
  2. हाल में बनल लेख, भा एकदम नया प्रयोगकर्ता के बनल लेख होखे तब लेख बनावे वाला के सुधार खाती समय दीं; हो सके त मदद करीं।
  3. अगर लेख में समस्या होखे, पहिले लेख के वार्ता पन्ना पर चर्चा क के, लेख बनावे वाला से बिचार-बिमर्श करीं। बहुत बड़ समस्या ना होखे, मने समस्या के दूर कइल जा सके के उमेद होखे तब समस्या खाती टैग लगाईं, जइसे कि" {{notability}}, {{hoax}}, {{original research}}, या {{advert}}; एह से अउरी संपादक लोग लेख में सुधार करे के कोसिस क सके ला।
  4. अगर लेख के बिसय एतना महत्व के ना बा, या ओह पर बहुत बड़ लेख लिखल जा सके अइसन उमेद नइखे, तब कौनों संबंधित बड़हन लेख में बिलय के प्रस्ताव करे के बारे में बिचार करीं।
D. बिबिध स्रोत सभ खोज के जाँच लीं, अगर मूल वजह उल्लेखनीयता होखे
  1. कम से कम एक बेर आम गूगल सर्च, गूगल किताब खोज, गूगल समाचार खोज, आ गूगल समाचार पुरालेख खोज जरूर क लीं; एकेडेमिक बिसय सभ खातिर गूगल स्कॉलर भी खोज के देखीं।
  2. स्रोत के कमी के कारण जब आप स्रोत खोजीं आ काफी स्रोत मिल भी जाय, तबो धियान से देखे पर पता चले कि ज्यादातर जगह खाली चलताऊ रूप में नाँव भर ले लिहल गइल बा आ बिसय के बारे में बिस्तार से लिखित चर्चा नइखे मौजूद, हटावे के नामांकन कइल जा सके ला।
  3. अगर आपके पर्याप्त स्रोत मिलें, भले उनहन के लेख में संदर्भ के रूप में लगावल न गइल होखे, लेख के हटावे के नामांकन ना कइल जाए के चाहीं; संदर्भ जोड़े के चाहीं, या फिर {{unreferenced}}, {{refimprove}}, {{third-party}}, {{primary sources}} आ {{one source}} नियर टैग लगावल जाए के चाहीं।


एक ठो लेख के नामांकन[संपादन करीं]

एह खंड में बतावल गइल बा कि कवना तरीका से लेख आ संबंधित वार्ता पन्ना के हटावे खातिर चर्चा बदे नामांकित कइल जा सकत बा।

केहू रजिस्टर्ड आ खाता में प्रवेश कइल प्रयोगकर्ता भर स्टेप II आ III पूरा क सकत बा (Autoconfirmed प्रयोगकर्ता लोग Twinkle औजार के मदद से नामांकन क सकत बा)। अगर आप बिना-रजिस्टर्ड प्रयोगकर्ता बानी (यानी खाता नइखीं बनवले), स्टेप I पूरा क सकत बानी आ एकरे बाद विकिपीडिया वार्ता:हटावे खातिर लेख पर अनुरोध करीं की केहू रजिस्टर्ड प्रयोगकर्ता बाकी के स्टेप पूरा क दे।

पन्ना के हचर्चा नामांकन करे खाती आपके खाता में प्रवेश कइल जरूरी बा। अगर आप साइन-इन ना करब, या अनाम प्रयोगकर्ता के रूप में (आईपी से) संपादन करब, आप नामांकन प्रक्रिया के बीचे में अटक जाइब।
  • एक्के संघे कई गो संबधित पन्ना सभ के नामांकन करे खातिर, कई-पन्ना नामांकन प्रक्रिया अनुसार चलीं।
  • कौनों एक ठो सिंगल पन्ना के नामांकन खाती, आप ट्विंकल के इस्तेमाल क सकत बानी (अगर "ऑटोकन्फर्म" प्रयोगकर्ता बानी), या फिर नीचे दिहल प्रक्रिया के पालन करीं:
I.
लेख पर हटावे के नामांकन के टैग लगाईं
  • लेख में सबसे ऊपर {{subst:afd1}} जोड़ दीं।
अगर लेख पहिले भी हचर्चा खाती नामांकित कइल गइल बा, {{subst:afdx|2सरा}} या {{subst:afdx|3सरा}} इत्यादि के इस्तेमाल करीं।
  • एह संपादन के छोट संपादन मत चिन्हित करीं।
  • संपादन सारांश में साफ लिखीं
    लेख हचर्चा: हटावे के नामांकन; देखीं[[वि:हटावे खातिर लेख/नामांकननाँव]]।
    नामांकननाँव के जगह नामांकन कइल जा रहल पन्ना के पूरा नाँव लिखीं।
नामांकननाँव आम दसा में पन्ना के नाँव होला (PageName), बाकी अगर ई पन्ना पहिलहूँ नामांकित भइल बा, तब "PageName (2सरा नामांकन)" या "PageName (3सरा नामांकन)" इत्यादि इस्तेमाल करीं)
  • आप "धियानसूची में डालीं" बक्सा के चेक (सही के निसान) क के एकरा के अपना धियानसूची में जोड़ सकत बानी। एह से आपके पता करे में आसानी होखी कि एह पन्ना पर आगे का संपादन भइल, कहीं टैग हटा त ना दिहल गइल।
  • पन्ना सहेज दीं।
II.
चर्चा पन्ना बनाईं

लेख पर हचर्चा बक्सा में आपके "प्रीलोड चर्चा" के बटन लउकी।

  • कड़ी के क्लिक करे पर चर्चा पन्ना संपादन खाती खुल जाई आ कुछ पाठ आ निर्देस देखाई पड़े लागी।
  • नामांकन के कारण लिखीं, आ उचित श्रेणी जोड़ीं (निर्देस ओही पन्ना पर लिखल मिली)।

या

  • जवन कड़ी "एह लेख के एंट्री" के नाँव से लउकत बाटे, ओह पर क्लिक क के चर्चा पन्ना खोलीं
  • नीचे दिहल रूप में चीज भरीं:
    {{subst:afd2 | pg=पन्नानाँव | cat=श्रेणी | text=काहें एह पन्ना के हटावल जाय}} ~~~~
    एह मेंपन्नानाँव के जगह पन्ना के नाँव लिखीं, श्रेणी के जगह लिस्ट M, O, B, S, W, G, T, F, आ Pमें से कवनो चुनीं, आ काहें एह पन्ना के हटावल जाय के जगह कारण लिखीं की काहें आप हटावे के नामांकन करत बानी, कि पन्ना के हटावल जाय।
  • आप "धियानसूची में डालीं" बक्सा के चेक क सकत बानी ताकि चर्चा पर नजर रख सकीं।
  • संपादन सारांश कुछ अइसन होखे के चाहीं
    [[PageName]] के हटावे खातिर चर्चा पन्ना बनावल गइल
  • पन्ना सहेज दीं।
III.
हचर्चा पर नजर रखे वाला संपादक लोग के सूचित करीं
  • कड़ी हटावे खातिर लेख के लॉग पन्ना के संपादन खाती खोलीं।
  • लॉग पन्ना पर सबसे ऊपर (उहाँ अइसन बतावे वाला कमेंट बा), नीचे दिहल चीज जोड़ीं:
    {{subst:afd3 | pg=NominationName}}
    एह में NominationName सही तरीका से ("PageName", "PageName (2सरा नामांकन)", इत्यादि भरीं)।
  • अपना संपादन सारांश में कड़ी जोड़ीं:
    [[विकिपीडिया:हटावे खातिर लेख/NominationName]] जोड़ल जात बा।
  • पन्ना सहेज दीं। राउर जोड़ल चीज फइल के अइसन हो जाई जइसन: {{विकिपीडिया:हटावे खातिर लेख/NominationName}} में पहिले आवे वाली लाइन बा।

एगो से ढेर लेखवन के नामांकन[संपादन करीं]

एह खंड में कई गो आपस में संबंधित पन्ना सभ के हटावे खातिर नामांकित करे के बिधी बतावल गइल बा। ई तारीक आम नामांकन तरीकवे के दूसर प्रकार हवे।

कबो-कबो आपके अइसन कई ठो लेख मिल सके लें, जिनहन के एक्के साथ एकही कारण से हटावे के जरूरत बुझाय। अगर अइसन लेखवन के नामांकन हचर्चा खाती करे के बा तब इनहन के एकही चर्चा में एक साथ नामांकन कइल जा सके ला। हालाँकि, अगर संदेह बुझाय कि एक साथे नामांकन कइल उचित बा कि ना, तब अइसन नामांकन मत करीं।

हटावे खातिर लेखवन के बंडल बनावे खाती नीचे दिहल तरीका इस्तेमाल करीं:

I.
पहिला लेख के नामांकन करीं

  एकरे खाती इहँवा बतावल बिधी के इस्तेमाल करीं।

II.
बाकी लेखवन के नामांकन करीं

  बाकी सगरी लेखवन में, सभसे ऊपर ई चीज जोड़ दीं:

{{subst:afd1|PageName}}

PageName के जगह पहिला नामांकन वाला पन्ना के नाँव लिखीं, ओह पन्ना के नाँव नाहीं जवना पर ई टैग जोड़ रहल बानी।

(अगर पन्ना के पहिलहूँ हटावे खाती नामांकन भ चुकल बा, तब {{subst:afdx}} के इस्तेमाल करीं, ना कि {{subst:afd1}} के, आ "PageName" पन्ना के नाँव आ प्लस एगो नोट जइसे कि "(दुसरा नामांकन)" दूसरी बेर नामांकन खाती, जोड़ दीं। जादे जानकारी खातिर देखीं टेम्पलेट वार्ता:Afdx)

III.
बाकी लेखवन के नामांकन चर्चा में सामिल करीं

  पहिला लेख के हटावे खाती नामांकन के चर्चा पन्ना पर जाईं,
  विकिपीडिया:हटावे खातिर लेख/PageName, आ एक ठो नोट जोड़ दीं
  ई अपना पहिला नामांकन के नीचे जोड़ीं आ बाकी लेखन के लिस्ट भी:

हम नीचे दिहल अउरी लेखवन के नामांकन करत बानी [इहाँ कारण जोड़ीं]:

:{{la|संबंधित लेख 1}}

:{{la|संबंधित लेख 2}}

संपादन सारांश में साफ लिखीं कि आप कई लेखवन के बंडल बनावत बानी।

नामांकन के बाद[संपादन करीं]

  • लेख के बनावे वाला के सूचित करीं। एकरा खातिर, {{Afd notice}} के इस्तेमाल करीं, इस्तेमाल बिधी टेम्पलेट के पन्ना पर दिहल गइल बा।
  • लेख में अउरी संपादक लोग के महत्व वाला आ बड़हन योगदान होखे तब ओहू लोग के सूचित करे पर बिचार करीं। एकरे खाती भी ऊपर बतावल नोटिस टेम्पलेट के इस्तेमाल कइल जा सकत बा।

नामांकन वापसी[संपादन करीं]

अगर केहू पन्ना के हटावे के राय ना दिहले बा, आ कौनों खास चर्चा नइखे भइल, आप अपने द्वारा कइल नामांकन वापस ले सकत बानी आ चर्चा के #गैर-प्रबंधकीय समापन में बतावल तरीका से बंद भी क सकत बानी। हालाँकि, अगर चर्चा आगे बढ़ गइल बा, आ कौनों महत्व के राय आ चुकल बा या केहू हटावे के बात लिख चुकल बा, चर्चा चले दीं आ नामांकन के ठीक नीचे आपन टिप्पणी साफ लिख दीं कि काहें आपके राय अब बदल चुकल बा।

लेख हचर्चा बंद कइल[संपादन करीं]


  • चर्चा आमतौर पर सात दिन (168 घंटा) के बाद बंद कइल जाले। एकरे बाद चर्चा के केहू प्रबंधक बंद करे ला आ निर्णय घोषित करे ला। जे प्रबंधक खुदे नामांकन कइले होखे या चर्चा में खुद भी भाग लिहले होखे ओकरा के चर्चा के समापन से बचे के चाहीं, हालाँकि ऊ चर्चा के समापन क सकेला।
  • चर्चा में मत के गिनती वोटिंग में होखे वाला मतगणना या वोट के टैली (सारणी बना के कि केतना मत कवना राय खाती मिलल) के तरीका से ना होला बलुक तार्किक आ नीतिसम्मत राय के वजन देखल जाला।
  • केहू प्रबंधक एक हप्ता बाद चर्चा के बंद कर सकत बा, अगर आम सहमती स्थापित हो गइल होखे।
  • अगर चर्चा में साफ तौर पर साम सहमति स्थापित हो गइल होखे, प्रबंधक के अलावा केहू अन्य वरिष्ठ प्रयोगकर्ता, जे भोजपुरी विकिपीडिया पर 2,000 से ढेर योगदान कइले होखे आ कम से कम दू साल पुरान (खाता खोले के समय अनुसार) आ लगातार सक्रिय सदस्य होखे, चर्चा के समापन क सकत बाटे (देखल जाय: गैर-प्रबंधकीय समापन)। अइसन दसा में ऊ ई जरूर सूचित करे कि चर्चा समापन गैर-प्रबंधकीय बाटे
  • आम सहमति स्थापित न होखे के दसा में प्रबंधक, चर्चा के "कौनों आम सहमति ना" के रूप में बंद क सके ला या विकिपीडिया:हटावे के प्रक्रिया#दोबारा लिस्टिंग क सके ला।
  • कुछ दसा में चर्चा सात दिन के सीमा से पहिले भी बंद कइल जा सके ला।
  • चर्चा के परिणाम के घोषणा आ चर्चा बंद करे के बाद, चर्चा में कौनों टिप्पणी ना कइल जा सके ला आ अगर कइल जाय, अइसन कमेंट के हटा दिहल जाए के चाहीं (परिणाम के घोषणा क के चर्चा बंद करे वाला एकरा के अउरी साफ समझावे खाती टिप्पणी के रूप में अपना निर्णय के बिस्तार से लिख सकत बा, अगर उचित बुझाय)।
  • चर्चा के बंद होखे के बाद, चर्चा संबंधी प्रश्न, बंद करे वाला के वार्ता पन्ना पर पूछल जाये के चाहीं। परिणाम से सहमत न होखे पर भी पहिले चर्चा बंद करे वाला से ओकरे वार्ता पन्ना पर निर्णय के समझे के कोसिस कइल जा सके ला। ओकरे बादो अगर लागे कि निर्णय पर दोबारा बिचार के जरूरत बा, तब समीक्षा प्रक्रिया के पालन कइल जाए के चाहीं।

गैर-प्रबंधक द्वारा चर्चा बंद करे के बिधी (नामांकन वापसी)[संपादन करीं]

एह में तीन गो स्टेप बा:

  • हटावे खातिर चर्चा वाला पन्ना पर
    • {{AfDh}}/{{AfDb}}/{{Closing}} टैग अगर पन्ना पर लागल होखें, हटा दीं।.
    • पन्ना पर सबसे ऊपर जोड़ीं: {{subst:Afd top|'''रखल जाय'''। नामांकन वापस लिहल गइल ([[विकिपीडिया:गैर-प्रबंधक द्वारा चर्चा समापन|गैर-प्रबंधकीय समापन]])}} ~~~~
    • जवना लाइन में {{REMOVE THIS TEMPLATE WHEN CLOSING THIS AfD}} लिखल बा ओकरा के हटा दीं
    • पन्ना पर सभसे नीचे जोड़ीं: {{subst:Afd bottom}}
    • संपादन सारांश डालीं कि हचर्चा बंद कइल गइल, परिणाम रहल "रखल गइल" (नामांकन वापसी)। आ पन्ना सहेज दीं (नीचे नीला रंग के "बदलाव प्रकाशित करीं" बटन पर क्लिक क के।
  • लेख के पन्ना पर
    • लेख के पन्ना पर जाईं,
      • धियान से देख लीं कि आप सही पन्ना पर बानी आ जवना लेख के नामांकन आप वापस लिहलीं हँऽ ओही लेख के पन्ना पर बानी।
    • पन्ना के ऊपर<!-- Please do not remove or change this AfD message until the issue is settled --> से ले के<!-- End of AfD message, feel free to edit beyond this point --> तक ले के पूरा पाठ हटा दीं ।
    • संपादन सारांश मेंहचर्चा "रखल जाय" परिणाम के साथ बंद कइल गइल (नामांकन वापसी)। लिखीं आ पन्ना सहेज दीं
  • लेख के वार्ता पन्ना पर
    • सभसे ऊपर जोड़ीं: {{Old AfD multi|page=PAGE_NAME|date=DATE|result='''रखल जाय'''}}
    • संपादन सारांश लेख हचर्चा "रखल जाय" परिणाम के साथ बंद कइल गइल (नामांकन वापसी)। लिख के पन्ना सहेज दीं।

गैर-प्रबंधक द्वारा चर्चा बंद करे के बिधी (अन्य)[संपादन करीं]

पहिले गैर-प्रबंधकीय समापन के प्रक्रिया देख लीं, आ ऊपर जइसे नामांकन वापसी वाला बतावल बिधी बा अइसहीं से तीनों पन्ना पर जा के संपादन करीं आ चर्चा बंद करीं, खाली ओह में नामांकन वापसी के जिकिर ना रही आ रिजल्ट= के आगे जवन परिणाम होखे ऊ लिखीं।

  • चर्चा पन्ना पर हमेशा {{nac}} ("non-admin close") टेम्पलेट, जवन कि हमेशा सबस्टिच्यूट के प्रयोग कइल जाले, नीचे दिहल उदाहरण के रूप में इस्तेमाल करीं:
    • {{subst:afd top}} '''रखल जाय''' आम सहमति बा। {{subst:nac}} ~~~~


संबंधित पन्ना[संपादन करीं]

  1. "The battle for Wikipedia's soul", The Economist, March 6, 2008.
  2. Seth Finkelstein,"I'm on Wikipedia, get me out of here", The Guardian, September 28, 2006.
    "At Wikipedia, contentious decisions are made by a process of elaborate discussion culminating in administrative fiat. Deletions go through a comment period. The process is not a vote, but the result forms a recommendation to the administrators."
  3. The tools AfD Statistics and Admin AfD Counter cannot parse unbolded !votes or closures.