टेम्पलेट:Afd footer (multiple)

विकिपीडिया से

एह खंड में कई गो आपस में संबंधित पन्ना सभ के हटावे खातिर नामांकित करे के बिधी बतावल गइल बा। ई तारीक आम नामांकन तरीकवे के दूसर प्रकार हवे।

कबो-कबो आपके अइसन कई ठो लेख मिल सके लें, जिनहन के एक्के साथ एकही कारण से हटावे के जरूरत बुझाय। अगर अइसन लेखवन के नामांकन हचर्चा खाती करे के बा तब इनहन के एकही चर्चा में एक साथ नामांकन कइल जा सके ला। हालाँकि, अगर संदेह बुझाय कि एक साथे नामांकन कइल उचित बा कि ना, तब अइसन नामांकन मत करीं।

हटावे खातिर लेखवन के बंडल बनावे खाती नीचे दिहल तरीका इस्तेमाल करीं:

I.
पहिला लेख के नामांकन करीं

  एकरे खाती इहँवा बतावल बिधी के इस्तेमाल करीं।

II.
बाकी लेखवन के नामांकन करीं

  बाकी सगरी लेखवन में, सभसे ऊपर ई चीज जोड़ दीं:

{{subst:afd1|PageName}}

PageName के जगह पहिला नामांकन वाला पन्ना के नाँव लिखीं, ओह पन्ना के नाँव नाहीं जवना पर ई टैग जोड़ रहल बानी।

(अगर पन्ना के पहिलहूँ हटावे खाती नामांकन भ चुकल बा, तब {{subst:afdx}} के इस्तेमाल करीं, ना कि {{subst:afd1}} के, आ "PageName" पन्ना के नाँव आ प्लस एगो नोट जइसे कि "(दुसरा नामांकन)" दूसरी बेर नामांकन खाती, जोड़ दीं। जादे जानकारी खातिर देखीं टेम्पलेट वार्ता:Afdx)

III.
बाकी लेखवन के नामांकन चर्चा में सामिल करीं

  पहिला लेख के हटावे खाती नामांकन के चर्चा पन्ना पर जाईं,
  विकिपीडिया:हटावे खातिर लेख/PageName, आ एक ठो नोट जोड़ दीं
  ई अपना पहिला नामांकन के नीचे जोड़ीं आ बाकी लेखन के लिस्ट भी:

हम नीचे दिहल अउरी लेखवन के नामांकन करत बानी [इहाँ कारण जोड़ीं]:

:{{la|संबंधित लेख 1}}

:{{la|संबंधित लेख 2}}

संपादन सारांश में साफ लिखीं कि आप कई लेखवन के बंडल बनावत बानी।

टेम्पलेट बिबरनलेख[बनाईं]