विकिपीडिया:शार्टकट
(विकिपीडिया:शॉर्टकट से अनुप्रेषित)
Jump to navigation
Jump to search
![]() | ई पन्ना भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों संपादन दिसानिर्देस के बारे में बा आ ई अइसन ब्यापक रूप से स्वीकार कइल गइल मानक बा जेवना के पालन सभ संपादक लोगन के करे के चाहीं, हालाँकि एकर पालन सहज बुद्धि से करे के चाहीं, आ कुछ दसा में अपवाद भी लागू हो सकेला। एह पन्ना पर कौनों भी बड़ या महत्व के बदलाव आम सहमति से होखे के चाहीं। संदेह की स्थिति में, पहिले वार्ता पन्ना पर चर्चा करीं। |
शार्टकट एगो बिसेस परकार के पन्ना होला जेवन अनुप्रेषण से बनेला आ प्रोजेक्ट पन्ना या फिर एकरी कौनों उपखण्ड की खातिर छोट कड़ी बना देला। अइसन कड़ी सभ के इस्तेमाल मुख्य लेखन के अलावा अउरी दूसरी जगह प्रयोग हो सकेला। आमतौर पर ई प्रोजेक्ट पन्ना खातिर होलें सभ आ इनहन के इस्तेमाल सदस्य लोग बातचीत करे में कड़ी देवे में करे ला या प्रोजेक्ट नाँवस्थान के पन्ना पर एक से दूसरा के कड़ी देवे में प्रयोग होला।
जवना पन्ना खातिर शार्टकट बनल बाटे ओह पन्ना पर इ सभ शार्टकट के लिस्ट {{शार्टकट}} के प्रयोग करि के लिखल होखे के चाहीं।