विकिपीडिया:प्रस्ताव द्वारा हटावल

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:PROD से अनुप्रेषित)

प्रस्ताव द्वारा हटावल (Proposed deletion भा PROD) अइसन प्रक्रिया हवे जेह में कौनों लेख भा फाइल के गैर-बिबादित हटावे के काम के रूप में सुझावित कइल जा सकत बा। ई आम तरीका, हटावे खाती चर्चा के अलावा आसान तरीका हवे ताकि अइसन पन्ना सभ के आसानी से (बिना कौनों जटिलता के) हटावल जा सके, जवन जल्दी हटावे के पैमान पर ना आवत होखें लेकिन निर्बिबाद रूप से हटावे लायक होखें।

एह तरीका के इस्तेमाल तबे होखे के चाहीं जब, हटावे के काम पर बिबाद होखे के गुंजाइश न बुझाय। ई हटावे के चर्चा (Afd या Ffd) के साथ सझियाई में कबो ना इस्तेमाल कइल जाये के चाहीं। केहू भी प्रयोगकर्ता अइसन प्रस्ताव के बिरोध क सकत बा, एकरा खाती बस टैग वाली टेम्पलेट के हटावे के होला। एक बेर एतराज के कार्रवाई फिर हमेशा खाती ओह लेख भा फाइल के एह तरीका से हटावे के संभावना रद्द क देले।

नामांकित पन्ना कम से कम सात दिन ले नामांकित रहे ला; अगर केहू ऐतराज न करे, प्रबंधक समीक्षा क के लेख के हटा सके लें।

धियान देवे के बात ई बा कि एह तरीका से अइसन पन्ना सभ ना हटावल जा सके लें जिनहन पर पहिले हटावे खाती चर्चा (हचर्चा) हो चुकल बा, या अइसन लेख भा फाइल जिनहन के एक बेर हटावे के बाद दुबारा स्थापित करे के अनुरोध पर वापस ले आइल गइल बा (यानी अनडिलीट कइल गइल बा)।

जीवनी लेख अपवाद बा, BLPPROD: अइसन लेख जेह पर से BLPPROD-टैग हटावल जा चुकल रहल, उहो PROD टैग आ बाकी ऊपर बतावल प्रक्रिया के तहत हटावल जा सके लें।

प्रस्ताव द्वारा हटावे के काम, खाली मुख्यनाँवस्थान में बनल लेख, लिस्ट या बहुअर्थी पन्ना सभ पर, आ फाइल नाँवस्थान में रखल चीज पर लागू होला। एकरे द्वारा अनुप्रेषण, टेम्पलेट, श्रेणी, प्रयोगकर्ता पन्ना या फिर अन्य कौनों नाँव स्थान में बनल पन्ना के ना हटावल जाला।


इहो देखल जाय[संपादन करीं]