Jump to content

रैदास

विकिपीडिया से
रैदास
रैदास
जनम1377 A.D.[1][2]
Died1528 A.D.[1][2]
Notable workरविदस्सिया धरम के स्थापना
Honorsइनकरा गुरु कहल जाला इनकर कविता गुरु ग्रंथ सहिब मे बाटे
रैदास

रैदास चाहे रविदास एगो भारत के रहस्यवादी संत, कबि आ रविदासिया पंथ के संस्थापक रहलन। उत्तर प्रदेश, बिहार, गुजरात, महाराष्ट्र, मध्य प्रदेश, पंजाबहरियाणा मे इनकरा गुरु मान के बंदना कइल जाला। ई एगो कबि, साधु आ समाज सुधारक रहन। इनकर जनम सन 1377 मे भइल रहे आ इ चमार जात से रहलन।

इनकर लिखल बात सभ के गुरु ग्रन्थ साहिब मे जगह दिहल बा। दादूपंथी संप्रदाय के पंच वाणी'ओ मे इनकर कबिता सभ के धइल गइल बा। ई ऊंच आ नीच जात के भेद आ मनुवादी बिचार के बिरोध कइलन आ एगो अईसन समाज के कल्पना कइलन जेमे सभ केहू बरोबर होखे।

बिद्वान लोग मानेला जे इनकर जनम 1377 मे भइल रहे आ ई 1528 में निधन भइल।[3]

इनकर जनम उत्तर प्रदेश मे बनारस लगे सीर गोबींदपुर नांव के एगो गाँव मे भइल रहे। इनकर जनम अस्थान के रविदास जनम अस्थान कहल जाला। इनकर माई के नांव माता कलसन रहे आ बाबूजी के नांव संतोख दास रहे। इनकर बाबू माई चाम के काम करत रहन, माने ई लोग चमार जात से रहे जेवन की एगो नान जात हऽ आ एकरा अछुत मानल जाला। भले इनकर काज चाम के रहे बाकिर इनकर ढेर समय गंगा तिरे बितत रहे जेहर ई आध्यात्मिक कविता लिखत रहन। आगे चलिके इनकर सूफि साधु लोग जोरे संघत भइल।

  1. 1 2 Arvind Sharma (2003). The Study of Hinduism (अंग्रेजी में). University of South Carolina Press. p. 229. ISBN 978-1-57003-449-7.
  2. 1 2 Phyllis G. Jestice (2004). Holy People of the World: A Cross-Cultural Encyclopedia. ABC-CLIO. p. 724. ISBN 978-1-57607-355-1.
  3. Phyllis G. Jestice (2004). Holy People of the World: A Cross-Cultural Encyclopedia. ABC-CLIO. pp. 727–728. ISBN 978-1-57607-355-1. Retrieved 8 December 2012.