रानी चटर्जी
रानी चटर्जी | |
---|---|
Born | [1] | नवंबर 3, 1989
Occupations | ऐक्ट्रेस, टीवी प्रस्तुतकर्ता, डांसर |
Years active | 2003–वर्तमान |
रानी चटर्जी एक ठो भारतीय ऐक्ट्रेस बाड़ी जे मुख्य रूप से भोजपुरी सिनेमा में काम करे खातिर जानल जाली। उनके भोजपुरी फिलिम ससुरा बड़ा पइसा वाला से परसिद्धि मिलल, जेह में ऊ मनोज तिवारी के साथ काम कइली। एकरे अलावा उनके कुछ परसिद्ध फिलिम सभ में सीता, देवरा बड़ा सतावेला आ रानी नं॰ 786 बाड़ी सऽ।[2]
कैरियर
[संपादन करीं]रानी चर्टजी के जनम मुंबई में भइल आ एहीजे पलल-बढ़ल हई।[3] चटर्जी आपन भोजपुरी फिलिम कैरियर के सुरुआत ससुरा बड़ा पइसा वाला से कइली। फिलिम हिट रहल आ एकरा के कई गो अवार्ड भी मिललें।
अपना फिलिमी कैरियर के सुरुआत के तेरह साल बाद भी, चटर्जी भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में अभिन ले नमर एक पर बाड़ी आ खुद अपना दम प फिलिम हिट करावे के क्षमता राखत बाड़ी जे अभी अउरी कौनों भोजपुरी हिरोइन में नइखे। चटर्जी के कहनाम बा कि नमर एक के पोजीशन खाती उनका के खुद से खतरा बुझाला कि जहिया मेहनत कइल बंद क देब तहिया हमरा खतरा हो जाई।[4]
हाल में रानी चटर्जी एक्टिंग के साथे-साथ गायकी के ओर भी बढ़ चलल बाड़ी आ एगो फिलिम खातिर अपना आवाज में दू गो गाना रिकार्ड करवले बाड़ी।[5]
चुनल गइल फिल्मोग्राफी
[संपादन करीं]साल | फिलिम | भाषा |
---|---|---|
2004 | ससुरा बड़ा पइसा वाला | भोजपुरी |
2005 | बंधन टूटे ना | भोजपुरी |
2006 | दमाद जी | भोजपुरी |
2007 | सीता | भोजपुरी |
2009 | तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो | भोजपुरी |
2010 | देवरा बड़ा सतावेला | भोजपुरी |
2011 | दिलजले | भोजपुरी |
2011 | छैला बाबू | भोजपुरी |
2011 | फूल बनल अंगार | भोजपुरी |
2012 | गंगा यमुना सरस्वती | भोजपुरी |
2013 | नागिन | भोजपुरी |
2013 | रानी नं॰ 786 | भोजपुरी |
2014 | इंस्पेक्टर चाँदनी | भोजपुरी |
2014 | रानी चली ससुराल | भोजपुरी |
2014 | राउडी रानी | भोजपुरी |
2014 | शेरनी | भोजपुरी |
2014 | प्रेम दीवानी | भोजपुरी |
2014 | चाँदनी | भोजपुरी |
2014 | एक लैला तीन छैला | भोजपुरी |
2015 | दिल दीवाना माने ना | भोजपुरी |
2015 | दिल और दीवार | भोजपुरी |
2015 | माई के करज | भोजपुरी |
2015 | दुलारा | भोजपुरी |
2015 | जानम | भोजपुरी |
2016 | शिव रक्षक | भोजपुरी |
अवार्ड आ पुरस्कार
[संपादन करीं]बिहार के पटना में आयोजित छठवाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड (2013) में रानी चटर्जी के साल के बेस्ट ऐक्ट्रेस के अवार्ड मिलल, ई फिलिम नागिन में उनके रोल खातिर दिहल गइल।[6] साल 2015 में मारीशस में आयोजित एगो फिलिम समारोह में रानी चटर्जी के "सभसे पापुलर ऐक्ट्रेस" के अवार्ड दिहल गइल।[7]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "अंग्रेजी गाने पर भोजपुरी एक्ट्रेस रानी चटर्जी का डांस वीडियो वायरल". जनसत्ता. 2018-09-24. Retrieved 2019-03-29.
- ↑ "Filmography of Rani". बॉलीवुड हंगामा. Archived from the original on 2014-02-26. Retrieved 21 फरवरी 2014.
{{cite web}}
: Italic or bold markup not allowed in:|publisher=
(help) - ↑ "Biography". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 6 अक्टूबर 2013. Retrieved 21 फरवरी 2014.
{{cite news}}
: Italic or bold markup not allowed in:|newspaper=
(help) - ↑ "भोजपुरिया क्वीन रानी चटर्जी को इनसे है खतरा...!". Prabhatkhabar.com. 2017-07-05. Retrieved 2017-10-24.
- ↑ "अपनी अदाओं से तहलका मचाने वाली रानी चटर्जी का नया अवतार, कुछ ऐसे बनाएंगी दीवाना". NDTVIndia. 26 अप्रैल 2018. Retrieved 23 मई 2018.
- ↑ "Rani Chatterjee is actress of the year". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 29 दिसंबर 2013. Retrieved 21 फरवरी 2014.
{{cite news}}
: Italic or bold markup not allowed in:|newspaper=
(help) - ↑ स्टाफ रिपोर्टर. "rani chatterjee: Rani Chatterjee wins Most Popular Actress award - Times of India". Timesofindia.indiatimes.com. Retrieved 2017-10-24.