Jump to content

मैना

विकिपीडिया से

मैना
देसी मैना
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: Animalia
फाइलम: Chordata
क्लास: Aves
ऑर्डर (Order): Passeriformes
परिवार: Sturnidae

मैना कई प्रजाति के चिरइन के कहल जाला। ई सगरी चिरई सभ जे मैना कहि के बोलावल जालीं, दक्खिन एशिया आ मुख्य रूप से भारत के मूल निवासी हई स आ इहाँ से बाकी देसन में इनहन के फइलाव भइल हवे। कुछ जगह त इनहन के आक्रमणकारी प्रजाति के रूप में भी चिन्हित कइल गइल बा।

जीव बिज्ञान भा चिरई बिज्ञान के अनुसार, मैना अपने आप में कवनो जाति या प्रजाति ना हवे। इ तऽ एगो आम चलनसार नाँव हवे। आम आदमी कई प्रजाति के चिरइन सभ के सड़मेड़े मैना कहि के बोलावे ला। बैज्ञानिक बर्गीकरण के हिसाब से एह में कई प्रजाति के चिरई सामिल बाड़ी सऽ। मुख्य रूप से स्टर्लिंग परिवार की चिरइन के मैना नाँव से बोलावल जाला।

भोजपुरी के मैना शब्द संस्कृत भाषा से आइल मानल जाला। एकर उत्पत्ति संस्कृत की "मदना" से मानल जाला। मैना भारत आ एकरी आसपास की देसन में पावल जालीं आ इहाँ से दूसरी देसन में भी ले जाइल गइल बाड़ीं।

प्रजाति

[संपादन करीं]

कुल:पासरीफारमेस परिवार: स्टर्निडाई

नीचे मैना सभ के प्रजातिन के नाँव दिहल जा रहल बा:[नोट 1]

जंगली आ पहाड़ी मैना

[संपादन करीं]
  • Yellow-faced myna, Mino dumontii
  • Golden myna, Mino anais
  • Long-tailed myna, Mino kreffti
  • Sulawesi myna, Basilornis celebensis
  • Helmeted myna, Basilornis galeatus
  • Long-crested myna, Basilornis corythaix
  • Apo myna, Basilornis miranda
  • White-necked myna, Streptocitta albicollis
  • Bare-eyed myna, Streptocitta albertinae
  • Fiery-browed myna, Enodes erythrophris
  • Finch-billed myna, Scissirostrum dubium
  • Golden-crested myna, Ampeliceps coronatus
  • Common hill myna, Gracula religiosa
  • Southern hill myna, Gracula indica
  • Enggano hill myna, Gracula enganensis
  • Nias hill myna, Gracula robusta
  • Sri Lanka hill myna, Gracula ptilogenys

असल मैना

[संपादन करीं]

अंग्रेजी में इनहन के "True" मैना कहल जाला। इनहन के नाँव नीचे बा:

  • Great myna, Acridotheres grandis
  • Crested myna, Acridotheres cristatellus
  • White-vented myna, Acridotheres javanicus
  • Pale-bellied myna, Acridotheres cinereus
  • Jungle myna, Acridotheres fuscus
  • Collared myna, Acridotheres albocinctus
  • Bank myna, Acridotheres ginginianus
  • Common myna, Acridotheres tristis
  • Bali myna, Leucopsar rothschildi

नीचे दिहल प्रजाति सभ के भी अक्सरहा Acridotheres mynas सभ में सामिल क लिहल जाला:

  • Vinous-breasted starling, Acridotheres burmannicus
  • Pied myna, Sturnus contra
  • Black-winged starling, Sturnus melanopterus
  • Red-billed starling, Sturnus sericeus
  • White-cheeked starling, Sturnus cineraceus

भारत में पावल जाए वाली प्रजाति

[संपादन करीं]
फोटोभोजपुरी नाँव[नोट 2]अंग्रेजीबैज्ञानिक नाँवटिप्पणी आ नोट
देसी मैनाCommon MynaAcridotheres tristisएकरा के भारतीय मैना भी कहल जाला। आमतौर पर पूरा उत्तरी भारत में ई घर-दुआर के आसपास चरत मिल जालीं, अक्सर झुंड में रहे लीं।
गंगा मैनाBank MynaAcridotheres ginginianusघर-दुआर के आसपास आ नदी के किनारे के इलाका में पावल जाले।
सिरोई मैनाAsian Pied StarlingGracupica contra
ब्राह्मणी मैनाBrahminy starlingSturnia pagodarumकपार पर करिया कलँगी होले जेकरा कारण एकरा के ब्राह्मणी मैना कहल जाला
जंगली मैनाJungle mynaAcridotheres fuscus
पहाड़ी मैनाCommon hill mynaGracula religiosa
गुलाबी मैनाRosy StarlingSturnus roseusदक्खिन भारत में
तिलेर मैनाEuropean StarlingSturnus vulgaris
पुल्ली (मैना)Spot-winged starlingSaroglossa spilopterus
राजा मैनाGolden-crested mynaAmpeliceps coronatus
एशियाई ग्लासी स्टर्लिंगAsian glossy starling
दक्खिनी पहाड़ी मैनाSouthern hill mynaGracula indica
बड़की मैनाGreat mynaAcridotheres grandisमुख्य रूप से पूर्वोत्तर भारत आ बांग्लादेस में पावल जाले
कालरदार मैनाCollared mynaAcridotheres albocinctus
चेस्टनट टेल्ड स्टर्लिंगChestnut-tailed starlingSturnia malabarica
मालाबार मैनाMalabar starlingSturnia blythii
वाइट-हेहेड स्टर्लिंगWhite-headed starlingTemenuchus erythropygiusअंडमान निकोबार दीप समूह में पावल जाले
  1. The coleto and the two Saroglossa starlings are included because of their position in the taxonomic list.
  2. † जिनहन के भोजपुरी नाँव नइखे उपलब्ध उनहन के कौनों अन्य भारतीय भाषा के नाँव दिहल बा या फिर अंग्रेजी नाँव के देवनागरी लिखाई में लिखल रूप इस्तेमाल कइल गइल बा।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]