Jump to content

भोजपुरी गीत संगीत

विकिपीडिया से

भोजपुरी गाना आ संगीत भारत आ नेपाल के भोजपुरी क्षेत्र आ कुछ अउरी देसन में जहाँ भोजपुरी भासा बोलल जाले, के संस्कृति के हिस्सा हवें। भोजपुरी संगीत के उत्पत्ती उत्तर भारतीय हिंदुस्तानी संगीत से बतावल जाला। नाथ पंथ के साहित्य में मौजूद गीत आ कबीरदास के निर्गुन सभ के गायकी से भोजपुरी संगीत में साहित्यिक गीतन के शुरूआत होला आ भोजपुरी लोकगीत प्राचीन परंपरा के उपज हवे। पुरनका जमाना के भोजपुरी लोकगीत के साथे-साथे आधुनिक आ बरतमान समय में भोजपुरी गाना सभ के ब्यापक चलन बा। जहाँ एक ओर भोजपुरी में संस्कार गीत, मौसमी लोकगीत, आ बिबिध जाति के लोगन के लोकगीत पुराना परमपरा के साथे चल आ रहल बाड़ें, नया ज़माना में भोजपुरी फिलिम सभ के गीत आ भोजपुरी गाना के एल्बम सभ ब्यापक चलन में बाड़ें। बरतमान समय में भोजपुरी गाना सभ में फुहड़ता एगो प्रमुख बिसेसता आ मुद्दा बा;[1][2] एकरा चलते सस्ता पापुलरिटी हासिल करे वाला लोग भी बा आ एह चलन के बिरोध करे वाला लोग भी आवाज उठावत बा।[3][4]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "होश संभालते ही अश्लील गाना गाने लगते हैं भोजपुरी सिंगर्स, पैसे के आगे मां-पिता नहीं करते मना". News18 हिंदी (Hindi में). 29 दिसंबर 2021. Archived from the original on 2022-02-26. Retrieved 26 फरवरी 2022.
  2. "दोअर्थी और नारी विरोध से सीधे मां-बहन की गाली तक, आख़िर भोजपुरी गाने यहां तक पहुंचे कैसे". ThePrint Hindi. 4 जुलाई 2020. Retrieved 26 फरवरी 2022.
  3. "भोजपुरी म्यूज़िक और फ़िल्म इंडस्ट्री के अश्लील फूहड़ रूप को चुनौती". BBC News हिंदी (Hindi में). 5 सितंबर 2020. Retrieved 26 फरवरी 2022.
  4. "भोजपुरी अश्लील गानों के विरोध में निकाली रैली". Hindustan (Hindi में).