फ्रीमैंटल डॉक्टर

विकिपीडिया से
Pilot boat Parmelia facing the Fremantle Doctor at the Fremantle harbour entrance

फ्रीमैंटल डॉक्टर (अंग्रेजी: Fremantle Doctor) चाहे फ्रियो डॉक्टर चाहे बस द डॉक्टर पच्छिमी ऑस्ट्रेलिया में दुपहरिया के बाद साँझ बेर बहे वाली समुंद्री हवा (सी ब्रीज) के बोलचाल के नाँव हवे। अइसन हवा गरमी के सीजन में एहिजे बहे ले आ एकरा से दक्खिनी पच्छिमी समुंद्र तट परभावित होखे ला। समुंद्र आ जमीनी हिस्सा के गर्म होखे के अंतर के कारन ई हवा बहे ले आ ई ठंढा आ आरामदायक हवा होखे ले।

फ्रीमैंटल, पच्छिमी आस्ट्रेलिया में एगो बंदरगाह शहर हवे।

एह शब्द के इस्तेमाल 1870 के दशक से मिले ला। अइसने हवा दक्खिन अफिरका में (केप डॉक्टर) आ वेस्ट इंडीज में भी बहे लीं।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Lua error in Module:Complex_date at line 203: Tried to write global a.

अउरी पढ़े खातिर[संपादन करीं]

  • "Origin of term for the sea breeze in Perth still unknown". The Sunday Times: (Perth, W.A.), 23 Feb. 1986, p. 49,
  • Masselink, G. (1996). Sea breeze activity and its effect on coastal processes near Perth, Western Australia. Royal Society of Western Australia. Journal of the Royal Society of Western Australia, Vol. 79, part 3 (September 1996) p. 199-205.
  • Courtney, Joe; Middelmann, Miriam (2005). "Meteorological hazards". Natural hazard risk in Perth, Western Australia – Cities Project Perth Report. Geoscience Australia.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]