फ्रीमैंटल डॉक्टर
Appearance

फ्रीमैंटल डॉक्टर (Fremantle Doctor) चाहे फ्रियो डॉक्टर चाहे बस द डॉक्टर पच्छिमी ऑस्ट्रेलिया में दुपहरिया के बाद साँझ बेर बहे वाली समुंद्री हवा (सी ब्रीज) के बोलचाल के नाँव हवे। अइसन हवा गरमी के सीजन में एहिजे बहे ले आ एकरा से दक्खिनी पच्छिमी समुंद्र तट परभावित होखे ला। समुंद्र आ जमीनी हिस्सा के गर्म होखे के अंतर के कारन ई हवा बहे ले आ ई ठंढा आ आरामदायक हवा होखे ले।
फ्रीमैंटल, पच्छिमी आस्ट्रेलिया में एगो बंदरगाह शहर हवे।
एह शब्द के इस्तेमाल 1870 के दशक से मिले ला। अइसने हवा दक्खिन अफिरका में (केप डॉक्टर) आ वेस्ट इंडीज में भी बहे लीं।[1]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Christensen, Joseph (2009). "Fremantle Doctor". In Jenny Gregory; Janice Gothard (eds.). Historical Encyclopedia of Western Australia (PDF) (अंग्रेजी में). Crawley: UWA Publishing. p. 389. ISBN 978-1-921401-15-2. OCLC 405500003. OL 45266821M. Wikidata Q5773872. Retrieved 2021-12-12.
अउरी पढ़े खातिर
[संपादन करीं]- "Origin of term for the sea breeze in Perth still unknown". The Sunday Times: (Perth, W.A.), 23 Feb. 1986, p. 49,
- Masselink, G. (1996). Sea breeze activity and its effect on coastal processes near Perth, Western Australia. Royal Society of Western Australia. Journal of the Royal Society of Western Australia, Vol. 79, part 3 (September 1996) p. 199-205.
- Courtney, Joe; Middelmann, Miriam (2005). "Meteorological hazards". Natural hazard risk in Perth, Western Australia – Cities Project Perth Report. Geoscience Australia.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |