लैंड एंड सी ब्रीज़

विकिपीडिया से
सी/लेक ब्रीज के घटना के चित्र द्वारा समझावल गइल बाटे।

लैंड एंड सी ब्रीज़, (अंग्रेजी: land and sea breeze) चाहे थलीय हवा आ समुद्री हवा एगो मौसमी घटना हवे जेह में पृथ्वी के जमीनी हिस्सा आ आसपास के समुंद्री (चाहे बड़हन झील) के हिस्सा के अलग-अलग दर से गरम होखे के कारण पारपारी, दिन-रात के कुछ समय, जमीन से समुंद्र के ओर आ समुंद्र से जमीन के ओर हवा बहे लीं।

सी ब्रीज़[1][2] चाहे ऑनशोर ब्रीज़ (हिंदी: सागरीय समीर) कौनों अइसन हवा के कहल जा सके ला जे कौनो बड़हन पानी के भंडार से जमीनी हिस्सा के ओर चले लीं; अइसन घटना पानी आ जमीन के अलग-अलग हीट कैपसिटी के कारन होखे ला काहें कि अलग-अलग दर से गर्म होखे के कारन हवादाब में अंतर पैदा हो जाला। तट की ओर चले वाली हवा अक्सर दुपहरिया बाद सांझ के चले लीं जब जमीनी हिस्सा लगे के समुंदरी भा झील के पानी वाला हिस्सा से बेसी गरम हो के लो प्रेशर वाला इलाका बन जालीं। ई सदाबाहिनी हवा (प्रिवेलिंग विंड) सभ के तुलना में लोकल हवा होखे लीं। दिन रात के सीधा-सादा हिसाब देखल जाय तब दिन के समय समुद्री हवा बहे लीं।

एकरे उल्टा लैंड ब्रीज़[3] भा थलीय हवा, (हिंदी: थलीय समीर) रात के समय चले ले जब जमीनी हिस्सा जल्दी ठंढा जाला आ समुंदरी हिस्सा गरम आ लो प्रेशर वाला होखे ला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Definition of SEA BREEZE". www.merriam-webster.com (अंग्रेजी में). Retrieved 28 अप्रैल 2022.
  2. "sea breeze | meteorology | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 28 अप्रैल 2022.
  3. "land breeze | Definition, Diagram, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 28 अप्रैल 2022.