सदर्ली बस्टर

विकिपीडिया से
सिडनी में रॉयल नेशनल पार्क के ऊपर सदर्ली बस्टर के आगमन।

सदर्ली बस्टर (अंग्रेजी: southerly buster)[1] ऑस्ट्रेलिया के न्यू साउथ वेल्सविक्टोरिया प्रांत में अचानक हवा में बदलाव हो के दखिनही हवा बहे लागे के आम बोलचाल के नाँव हवे।[2] ई हवा दक्खिन के ओर से आवे ले, आम गरम दिन के बदल देले आ मौसम ठंढा हो जाला आ कभी कभार खराब मौसम भी हो जाला। तापमान में नाटकीय रूप से अचानक गिरावट देखे के मिले ला आ पहिले के गर्मी से राहत मिले ले।[3]

गरम आ ठंढा हवा के सीमा के रूप में रोल नियर बादर देखलाई पड़े लें जे समुंद्र तट के लंबवत होखे लें जे दक्खिन ओर से आवत देखलाई पड़े लें आ हवा के साथे-साथ चले लें; हालाँकि,कभी-कभार एह हवा के साथ ई देखलाई पड़े वाला लच्छन नाहियों हो सके ला।[4] सिडनी में गर्मी के मौसम तस्मान सागरके ओर से आवे वाला एह कोल्ड फ्रंट के कारण समय समय पर ठंढा होखत रहे ला।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Southerly Buster | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 28 अप्रैल 2022.
  2. 1850, B. C. Peck, Recollections of Sydney, quoted in 1978, G. A. Wilkes, A Dictionary of Australian Colloquialisms, ISBN 0-424-00034-2
  3. "SOUTHERLY BUSTER". Wellington Times. National Library of Australia. 23 December 1901. p. 2. Retrieved 27 March 2015.
  4. Southerly Busters Explained. The Australian Government Bureau of Meteorology. Accessed 21 February 2012.