ब्लैक नॉर'ईस्टर

विकिपीडिया से
करिया कपासी बरखा वाला बादर जे एह तुफान के साथे आवे लें, अहिजे सिडनी शहर के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट के ऊपर देख्लाई पड़त बाने।

ब्लैक नॉर'ईस्टर (अंग्रेजी: Black nor'easter) एक किसिम के लगातार रहे वाला आ गम्हीर आन्ही-तूफान वाला उतर-पुरुआ तुफान हवे जे ऑस्ट्रेलिया के पूरबी तट पर आवे ला। एकरे आवे के समय देर बसंत आ सुरुआती पतझड़ (ऑटम) सीजन होखे लें आ ई आमतौर पर दू दिन (चाहे बेसी, अगर बहुत गम्हीर होखे) रहे ला। भले ई कन्वेक्शन वाली हवा ना हवे, समुंद्र तीरे से कुछ दूरी पर (ऑफ़शोर) डेवेलप होखे वाला ई तूफान कई दिनन ले रह सके ला।

एकरे आवे पर गम्हीर करिया बादर बने लें आ झकोरे दार हवा (गेल) चले ले आ भारी बरखा आवे ला जे झंझावात के साथे हो सके ला।[1] एह किसिम के तुफान के पहिली बेर 1800 के दशक में चिन्हित कइल गइल रहल।[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "NORTHCLIFFE BOATS CAPSIZE IN "BLACK NOR'EASTER". Illawarra Daily Mercury. Wollongong, NSW: National Library of Australia. 8 जनवरी 1951. p. 10. Retrieved 27 मार्च 2015.
  2. "BLACK NOR-EASTER". The Sydney Morning Herald. National Library of Australia. 30 अक्टूबर 1911. p. 7. Retrieved 27 मार्च 2015.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]