पबित्रा बनजीव बिहार

विकिपीडिया से
Pobitora Wildlife Sanctuary
असमिया: পবিতৰা অভয়াৰণ্য
पोबोतोरा वाइल्डलाइफ़ सैंक्चुअरी में भारतीय गैंडा
Map showing the location of Pobitora Wildlife Sanctuary
Map showing the location of Pobitora Wildlife Sanctuary
आसाम में लोकेशन
लोकेशनमोरीगाँव, आसाम
नजदीकी शहरगुवाहाटी
भूगोलीय निर्देशांक26°14′28″N 92°03′30″E / 26.24111°N 92.05833°E / 26.24111; 92.05833निर्देशांक: 26°14′28″N 92°03′30″E / 26.24111°N 92.05833°E / 26.24111; 92.05833
रकबा38.85 किमी2 (418,200,000 वर्ग फु)
www.pobitora.com

पबित्र बनजीव बिहार (अंग्रेजी: Pobitora Wildlife Sanctuary, पोबितोरा वाइल्डलाइफ़ सैंक्चुअरी; लोकल: पोबितोरा अभयारण्य) भारतीय राज्य आसाम के मोरीगाँव जिला में ब्रह्मपुत्र नदी के दक्खिनी तीरे पर एगो बनजीव बिहार (वाइल्डलाइफ़ सैंक्चुअरी) बाटे। ई एक सींघ वाला भारतीय गैंडा खातिर परसिद्ध हवे। एकर अस्थापना 1987 में भइल रहल आ ई 38.85 वर्ग किलोमीटर एरिया में बिस्तार लिहले बा जहाँ घास के मैदान आ नमभूमि (वेटलैंड) बाटे। एहिजे आसाम के गैंडा सभ के भारी आबादी बा आ बिस्व में सभसे बेसी गैंडा घनत्व बाटे। 2018 में भइल गैंडा जनगणना में एहिजे कुल 102 गैंडा रिकार्ड कइल गइल रहलें[1]; एक तरह से रकबा के हिसाब से ई गैंडा सभ के अति-जनसंख्या वाला इलाका बन चुकल बा।

गैंडा के अलावा ई कई गो अउरियो जीव सभ के आवास हवे जेह में लगभग 58 किसिम के पनिहा चिरई सभ के प्रजाति के 24,000 चिरई दर्ज कइल गइल रहलीं।[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Mitra, Naresh (19 मार्च 2018). "Pobitora Wildlife Sanctuary: Pobitora census finds 102 rhinos | Guwahati News - Times of India". The Times of India (अंग्रेजी में). Retrieved 9 मार्च 2022.
  2. Talukdar, Sushanta (8 फरवरी 2021). "Fifty-eight species and 24,000 individuals recorded in Pobitora Wildlife Sanctuary in Assam in the annual waterbird census". Frontline (अंग्रेजी में). द हिंदू. Retrieved 9 मार्च 2022.