निधिवन, वृंदावन

विकिपीडिया से
निधिवन
निधिवन क घनघोर तुलसी वन
निधिवन क घनघोर तुलसी वन
भूगोल
भूगोलीय स्थिति27°35′00″N 77°41′52″E / 27.583269°N 77.697643°E / 27.583269; 77.697643निर्देशांक: 27°35′00″N 77°41′52″E / 27.583269°N 77.697643°E / 27.583269; 77.697643
देशभारत
Stateउत्तर प्रदेश
जिलामथुरा जिला
लोकेशनवृंदावन

निधिवन' "तुलसी वन" भारत के उत्तर प्रदेश के मथुरा जिला में स्थित वृन्दावन के पवित्र स्थल बाटे।[1] एके हिंदू देवता राधाकृष्ण आऊर उनकर सखी गोपी लोग के लीला खातिर समर्पित एगो प्रमुख स्थल मानल जाला। भक्त लोग के बीच ई आम मान्यता बा कि राधा-कृष्ण के रसलीला आज भी निधिवन में रात के समय में होला। एही से रात में केहू के निधिवन परिसर के भीतर रहे के मनाही बा।[2]

एह आँगन में तुलसी के पौधा अक्सर ऊँचाई में छोट होलें आ जोड़ी में पावल जालें। तुलसी पौधा के अलावा एह परिसर में "रंग महल" नाम के मंदिर भी बा, जहाँ मानल जाला कि राधाकृष्ण रासलीला के बाद रात बितावेलें। परिसर के भीतर एगो अउरी मंदिर भी बा जेकरा के "बंसीचोर राधा मंदिर" कहल जाला, जहाँ राधा कृष्ण के बांसुरी चोरा लेले रहे। एकरे अलावा एगो तीर्थस्थल भी बा जे स्वामी हरिदास के समर्पित बाटे जे अपने भक्ति से "बांके बिहारी" के मूर्ति बनवले रहने। एम्मा "रसलीला स्थली" (जहाँ रासलीला के प्रस्तुति होला) आ "ललिता कुंड" भी परिसर में मौजूद बा। मानल जाला कि जब गोपी लोग रासलीला के बीच में पानी मंगले त कुंड के निर्माण खुद कृष्ण कइले रहले।[3][4][5]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "वृंदावन में धार्मिक पर्यटन: परिप्रेक्ष्य आ अंतर्दृष्टि-भारतीय पत्रिकाएँ". www.indianjournals.com. Retrieved 2021-09-03.
  2. "वृंदावन में रहस्यमय निधिवन आउर एकर किस्सा-कहनी". टूर माई इंडिया (अंग्रेजी में). 2016-09-12. Retrieved 2021-09-03.
  3. "रहस्यमय निधिवन वृंदावन क पूरा कहनी". यात्राधाम (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2021-05-08. Retrieved 2021-09-03.
  4. "निधिवन वृंदावन क रहस्य, निधिवन क कहानी हिंदी में, चित्र, वीडियो, मानचित्र". श्री मथुरा जी (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2017-08-14. Retrieved 2021-09-03.
  5. "निधिवन, वृंदावन- दर्शन आउर लीलाएं". ब्रज रस- ब्रज वृंदावन क आनंद. Retrieved 2021-09-03.