नालंदा इंजीनियरिंग कालेज

विकिपीडिया से
नालंदा इंजीनियरिंग कालेज
स्थापना2008 (16 years ago) (2008)
प्रकारसरकारी
प्रेंसपलचन्द्र भूषण महतो
Mentor Instituteभारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान बंबई
बिद्यार्थी1000+
अंडरग्रेजुएटB.Tech
लोकेशननालंदा, बिहार,  भारत
कैंपस51.64 एकड़ (0.2 किमी2)
पुकारनाँवNCE Chandi
संबद्धताआर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय
वेबसाइटwww.ncechandi.ac.in


नालंदा इंजीनियरिंग कालेज बिहार के नालंदा मे एगो इंजीनियरिंग कालेज बाटे। एकर स्थापना 19 नवंबर 2008 के बिहार के तत्कालीन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइले रहन। ई आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय मे आवेला।

इतिहास[संपादन करीं]

एकर स्थापना बिहार सरकार 2008 मे कइले रहे।

हाता[संपादन करीं]

महाबिद्यालय मे दुआर
महाबिद्यालय के हाता के नक्सा

एकर हाता एकइस हेक्टेअर मे छितरल बाटे आ बिहारशरीफ से 17.3 किलोमीटर दूर बाटे।

परबेस[संपादन करीं]

2019 से एहमे परबेस जेईई मेन के परीक्षा के अंक प मीलेला। एकरा से पहिला एगो अलग परबेस परीक्षा होत रहे।

मार्गदर्शक संस्था[संपादन करीं]

भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आइआइटी) बंबई एकर मार्गदर्शक बाटे।

पढ़ाई[संपादन करीं]

ई संस्था अलग अलग डाढ़ मे बिटेक करवावेला।