Jump to content

थर्मोस्फियर

विकिपीडिया से

थर्मोस्फियर पृथ्वी के वायुमंडल के एगो परत (लेयर) हवे जे मेसोस्फियर के ऊपर आ एक्सोस्फियर के नीचे पावल जाला; एह तरीका से ई ऊपर से दुसरी आ नीचे के ओर से तिसरही लेयर हवे। वायुमंडल के एह लेयर में सुरुज के अल्ट्रावायलेट रेडिएशन के चलते गैस के मॉलिक्यूल सभ के फोटोआयनाइजेशन/फोटोडिसअसोसिएशन होखे ला आ आयन के रूप में गैस पावल जालीं; एह तरीका से आयनोस्फियर के अधिकतर हिस्सा थर्मोस्फियर में पड़े ला। थर्मोस्फियर के शुरुआत 80 किमी के ऊँचाई पर होखे ला आ ई गर्मी के यूनानी नाँव थर्मोस से नाँव वाली लेयर हवे। एकरे ऊपरी सीमा के थर्मोपॉज भा एक्सोबेस कहल जाला जे लगभग 600 किलोमीटर के ऊँचाई पर बाटे। हिंदी में एह लेयर के ऊष्मा मंडल कहल जाला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]