ट्रोपोस्फियर

विकिपीडिया से
Atmospheric Circulation: the Three Cell Model of the circulation of the planetary atmosphere of the Earth, of which the troposphere is the lowest layer.

ट्रोपोस्फियर पृथ्वी के वायुमंडल के पहिली आ सभसे निचला परत हवे, आ एह में पृथिवी ग्रह के वायुमंडल के कुल द्रब्यमान के 75%, जलभाप आ एरोसोल सभ के कुल द्रब्यमान के 99% हिस्सा समाइल बा आ ज्यादातर मौसमी घटना एही लेयर में होखे लीं।[1] एकर ऊँचाई भूमध्य रेखा के लगे आ उष्णकटिबंध में औसतन 18 किमी (11 मील; 59,000 फीट); बिचला अक्षांस सभ में औसतन 17 किमी (11 मील; 56,000 फीट); आ हाई अक्षांस में आ ध्रुवन के लगे 6 किमी (3.7 मील; 20,000 फीट) होखे ले; एह तरीका से एकर औसत ऊँचाई 13 किमी (8.1 मील; 43,000 फीट) होखे ले।

ई यूनानी भाषा के ट्रोपोस (घुमरीदार) आ स्फियर (गोला) से मिल के बनल शब्द हवे जेकर मतलब होला कि एह मंडल में हवा में टर्बुलेंस होखे ला; हवा एह परत में घुमरिया के मिक्स होखत रहे ले। हिंदी में एकरा के क्षोभ भा विक्षोभ मंडल कहल जाला चाहे परिवर्तन मंडल[2] कहल जाला।

एकरे ऊपरी सीमा के ट्रोपोपॉज कहल जाला जे एकरा के स्ट्रेटोस्फियर से अलगा करे ले।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Troposphere". Concise Encyclopedia of Science & Technology. McGraw-Hill. 1984. It [the troposphere] contains about four-fifths of the mass of the whole atmosphere.
  2. गर्ग, एच. एस. (24 सितंबर 2021). भूगोल (हिंदी में). SBPD Publications. p. 13. Retrieved 30 मई 2022.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]