आयनमंडल

विकिपीडिया से
(आयनोस्फियर से अनुप्रेषित)
वायुमंडल के तापीय लेयर आ आयनमंडल के बीच तुलना।

आयनोस्फियर (अंग्रेजी: ionosphere; /ˈɒnəˌsfɪər/[1][2]) चाहे आयनमंडल पृथिवी के ऊपरी वायुमंडल के आयोनाइज्ड पार्ट हवे (जेह में गैस के मॉलिक्यूल धन भा ऋण चार्ज के साथे आयन के रूप में पावल जालें), जेकर शुरुआत सतह से 48 किमी (30 मील) के ऊँचाई से 965 किमी (600 मील) के ऊँचाई ले होखे ला, एगो अइसन लेयर जेह में पूरा थर्मोस्फियर, मेसोस्फियर के कुछ हिस्सा आ एक्सोस्फियर के कुछ हिस्सा आवे ला। आयनोस्फियर सुरुज के रेडियेशन से आयोनाइज होखे ला। ई वायुमंडली बिजली में महत्व वाला भूमिका वाला चीज हवे आ पृथ्वी के चुंबकीय मंडल के अंदरूनी किनारा बनावे ला। ई रेडियो सिग्नल के प्रोपेगेशन में सहायक साबित होला जेकरा चलते एकर प्रेक्टिकल उपयोगिता बाटे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Jones, Daniel (2003) [1917], Peter Roach; James Hartmann; Jane Setter (eds.), English Pronouncing Dictionary, Cambridge: Cambridge University Press, ISBN 978-3-12-539683-8
  2. "Ionosphere". मरियम-वेबस्टर डिक्शनरी.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]