Jump to content

गोमती नगर

विकिपीडिया से
गोमती नगर
शहरी इलाका
गोमती नगर में एगो रिहाइशी इलाका
गोमती नगर में एगो रिहाइशी इलाका
गोमती नगर के लोकेशन Uttar Pradesh में
गोमती नगर
गोमती नगर
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
Coordinates: 26°50′42″N 81°00′34″E / 26.8449°N 81.0095°E / 26.8449; 81.0095निर्देशांक: 26°50′42″N 81°00′34″E / 26.8449°N 81.0095°E / 26.8449; 81.0095
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलाजिला
Named afterगोमती नदी
Elevation
123 m (404 ft)
भाषा
  ऑफिशियलहिंदी, उर्दू
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
226 100

गोमती नगर उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ शहर के एगो इलाका बाटे। ई रिहायशी आ कामर्शियल दुनों किसिम के इलाका हवे, एकरे अलावा कई ठे सरकारी दफ्तर, इस्कूल-कॉलेज, यूनिवर्सिटी, पार्क वगैरह बाड़ें। गोमती नदी के तीरे बसे के कारन एकर नाँव गोमती नगर हवे। ई लखनऊ के सभसे तेजी से बिकसित होखे वाला इलाका सभ में गिनल जाला। एकर बसावट तीन फेज में भइल बा आ ई कई सेक्टर में बँटल बाटे जिनहन के खंड कहल जाला आ हर खंड के नाँव वि अच्छर से सुरू होला।