गुजरात टेक्नोलॉजीकल युनिवर्सिटी

विकिपीडिया से
गुजरात टेक्नोलॉजिकल यूनिवर्सिटी
स्थापना2007
प्रकारप्रजात्व
संबद्धताUGC, AICTE
लोकेशनअहमदाबाद, गुजरात, भारत
कैंपसशहरी
वेबसाइटwww.gtu.ac.in
Map
ज़ूम करे लायक नक्सा पर लोकेशन

गुजरात टेक्नोलॉजिकल यूनिवर्सिटी (इंटरनेशनल इनोवेटिव यूनिवर्सिटी), जेकरा के सामान्य रूप से जीटीयू कहल जाला, भारतीय राज्य गुजरात के केतनहे इंजीनियरिंग, फार्मेसी, आ मेनेजमेंट कॉलेजन से संबंधित एगो राज्यकिय विश्वविद्यालय बा। ई विश्वविद्यालय राज्य सरकार के आधिन बा आ 16 मई 2007 में अस्तित्व में आइल। लालभाई दलपतभाई कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग, बिरला विश्वकर्मा महाविद्यालय, विश्वकर्मा गवर्नमेंट इंजीनियरिंग कॉलेज आ केतनहे सरकारी इंजीनियरिंग कॉलेज जइसन इंजीनियरिंग संस्था जीटीयू के भाग बा।

एकरा से पहिले गुजरात युनिवर्सिटी गुजरात राज्य के प्रमुख विश्वविद्यालय रहे जवन तकनीकी विश्वविद्यालय साथे सौसे राज्य के विश्वविद्यालय के प्रमुख रहे। तकनीकी शिक्षा के आउरी कुशल आ व्यवस्थित बनावेला राज्य सरकार जीटीयू के निर्माण कइलस। जीटीयू जाड़ा के परीक्षा फरवरी से अप्रैलले आ गर्मी के परीक्षा के जून से अगस्तले परिणम घोषित करेला। वर्तमान में सौसे गुजरात के 485गो कॉलेज एह जीटीयू के निचे कार्यरत बाटे जेकरा में 4,00,000 से बेसी विद्यार्थी बाड़े।

संदर्भ[संपादन करीं]