गंगा एक्सप्रेसवे

विकिपीडिया से
गंगा एक्सप्रेसवे
Route information
Maintained by उत्तर प्रदेश एक्सप्रेसवेज औद्योगिक विकास प्राधिकरण (यूपीडा)
Length594 किमी (369 मील)
Major junctions
पच्छिम endबिजौली गाँव, मेरठ जिला
पूरुब endजुदापुर डाँडो गाँव, प्रयागराज जिला
Location
देसभारत
Statesउत्तर प्रदेश
Major citiesMeerut, Hapur, Siyana, Sambhal, Bahjoi, Budaun, Tilhar, Bangarmau, Unnao, Raebareli, Pratapgarh and Prayagraj
Highway system

गंगा एक्सप्रेसवे एगो नया बन रहल एक्सप्रेसवे बा। ई भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में 594 किमी (369 मील) लमहर, 6- लेन (8 तक बिस्तार हो सके ला) चाकर ग्रीनफील्ड एक्सप्रेसवे हवे। एकर निर्माण दू चरण में हो रहल बा। फेज-1 मेरठ जिला के एनएच-334 पर पड़े वाला बिजौली गाँव के प्रयागराज जिला के एनएच-19 पर जुदापुर डांडू गाँव से जोड़ी, जबकि फेज-2 में एक्सप्रेसवे के दुनों ओर के विस्तार कइल जाई: प्रयागराज से बलिया ले आ मेरठ से हरिद्वार तक ले। एक्सप्रेसवे के शिलान्यास प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा 18 दिसंबर 2021 के, शाहजहांपुर में कइल गइल रहे।[1] एह एक्सप्रेसवे के बनावे के काम दिसंबर 2024 ले पूरा होखे के उमेद बा।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "PM Narendra Modi lays foundation stone of Ganga Expressway project: Here are key features". The Indian Express (अंग्रेजी में). 18 December 2021. Retrieved 18 December 2021.
  2. "Ganga Expressway to be ready before Mahakumnbh 2025 : CM Yogi". The Lucknow Tribune (अंग्रेजी में). 16 February 2023. Archived from the original on 11 March 2023. Retrieved 11 March 2023.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]