भारत में सड़क

विकिपीडिया से
भारत के प्रमुख सड़क

भारतीय रोड नेटवर्क के कुल लंबाई 5,472,144 किलोमीटर (3,400,233 मील) से ढेर रहल (31 मार्च 2015 तक), आ एह तरीका से भारत दुनिया में सड़क के लंबाई के मामिला में अमेरिका के बाद दुसरे नंबर पर बा। प्रति बर्ग किलोमीटर जमीन के हिसाब से 1.66 किमी सड़क के औसत वाला भारत, सड़क घनत्व के मामिला में जापान (0.91) आ अमेरिका (0.67) से बेहतर स्थिति में बा आ चीन (0.46), ब्राजील (0.18) या रूस (0.08) नियर देस सभ से कहीं बेहतर स्थिति में बाटे।[1] हालाँकि, सडक के क्वालिटी के मामिला में इहाँ आधुनिक हाइवे से ले के पातर आ कच्ची सड़क तक बिबिध गुणवत्ता वाली सड़क बाड़ी स आ सुधार के काम जारी बा।[2] 31 मार्च 2015 के आँकड़ा के मोताबिक, भारत में 61.05% सड़क पक्की सड़क रहली स।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Statistics
  2. "India Transport Sector". World Bank. Archived from the original on 2015-11-19. Retrieved 2017-11-23.
  3. "Basic Road Statistics of India 2013-14 and 2014-15". Ministry of Road Transport & Highways. p. 6. Retrieved 2017-03-31.