भारत के एक्सप्रेसवे
भारत के एक्सप्रेसवे भारत के सबसे ऊँच दर्जा के सड़क हईं। मार्च 2023 तक ले भारत में एक्सप्रेसवे के कुल लंबाई 4067.27 किमी (2,527.719 मील) बाटे। ई कंट्रोल्ड-एक्सेस वाला हाइवे हवें जिनहन पर प्रवेश आ बहरें निकास के कंट्रोल क्लोवरलीफ भा ट्रम्पेट इंटरचेंज के इस्तेमाल से होखे ला जे एक्सप्रेसवे के डिजाइन में सामिल कइल जालें आ अधिकतम 120 किमी/घंटा के गति खातिर डिजाइन कइल गइल होखे लें जबकि नेशनल हाइवे सभ फ्लाईओवर-एक्सेस भा कंट्रोल्ड-पहुँच वाला होखे लें जहाँ प्रवेश आ निकास फ्लाईओवर के साइड से होला, हाइवे के हर चौराहा पर सड़क के साथ, शहर/शहर/गाँव के यातायात के बाईपास करे खातिर फ्लाईओवर के इंतजाम कइल जाला आ ई हाइवे सब 100 किमी/घंटा के गति खातिर बनावल गइल बाड़ें। कुछ सड़क सभ के पहुँच कंट्रोल्ड-एक्सप्रेसवे ना हवें, बाकी अबहिन ले इनहन के नाँव एक्सप्रेसवे के रूप में रखल गइल बाटे, जइसे कि बीजू एक्सप्रेसवे, ई वास्तव में राज्य के हाइवे हवें जिनहन के केंद्र सरकार एक्सप्रेसवे के रूप में घोषित ना करे लें, एही से ई एक्सप्रेसवे भा नेशनल हाइवे ना हवें। मुंबई–पुणे एक्सप्रेसवे भारत के पहिला 6 लेन वाला ऑपरेशनल एक्सप्रेसवे हवे जे 2002 में शुरू भइल रहे। एक्सप्रेसवे भारतीय सड़क कांग्रेस आ ब्यूरो ऑफ इंडियन स्टैंडर्ड द्वारा निर्धारित मानक के पालन करे लें।
Expressways By State
[संपादन करीं]List of operational expressways by state, as of March 2023:
States | Length (km/mi) | Number of Expressways |
---|---|---|
Uttar Pradesh | 1,396 किमी (867 मील) | 8 |
Maharashtra | 685.3 किमी (425.8 मील) | 6 |
Haryana | 538.7 किमी (334.7 मील) | 7 |
Rajasthan | 257 किमी (160 मील) | 2 |
Karnataka | 171 किमी (106 मील) | 5 |
Telangana | 169.6 किमी (105.4 मील) | 2 |
Tamil Nadu | 94.8 km (58.9 mi) | 2 |
Gujarat | 93.1 किमी (57.8 मील) | 1 |
Jharkhand | 85 किमी (53 मील) | 1 |
Bihar | 33 किमी (21 मील) | 2 |
West Bengal | 30.17 किमी (18.75 मील) | 2 |
Delhi | 26.6 किमी (16.5 मील) | 4 |
Chhattisgarh | 12 किमी (7.5 मील) | 1 |
Total | 4,067.97km
(2527.719)mi |
44 |
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]- दिल्ली–मुंबई एक्सप्रेसवे - भारत के सभसे लमहर
- पूर्वांचल एक्सप्रेसवे - भारत के दुसरा सभसे लमहर
- गंगा एक्सप्रेसवे - गंगा नदी के सहारे बनल एक्सप्रेसवे
संदर्भ
[संपादन करीं]ई लेख भारत में यातायात की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |