काराकोरम

विकिपीडिया से
Karakoram
Highest point
परबतचोटीके2 (K2)
ऊँचाई8,611 मी (28,251 फीट)
लोकेशन (भूगोलीय)35°52′57″N 76°30′48″E / 35.88250°N 76.51333°E / 35.88250; 76.51333
भूगोल
Map
Interactive map outlining Karakoram range
CountriesAfghanistan, China, India, Pakistan and Tajikistan
रेंज निर्देशांक36°N 76°E / 36°N 76°E / 36; 76निर्देशांक: 36°N 76°E / 36°N 76°E / 36; 76

काराकोरम काश्मीर में एगो परबत श्रेणी बा जे पाकिस्तान, भारतचीन देसन में बिस्तार लिहले बा जबकि एकर एकदम पच्छिमी हिस्सा अफगानिस्तानताजिकिस्तान तक ले पहुँचे ला। काराकोरम के अधिकतर हिस्सा काश्मीर के गिलगित-बल्तिस्तान प्रदेश में पड़े ला जे एह समय पाकिस्तान शासित काश्मीर में बाटे। एकर सभसे ऊँच चोटी के2 एही गिलगित-बल्तिस्ताने में पड़े ले जे दुनियाँ के दुसरी सबसे ऊँच परबत चोटी (8,611 मी (28,251 फीट))_हवे। परबतमाला के शुरुआत पच्छिम में वाखान कॉरिडोर (अफगानिस्तान) से होला, मुख्य रूप से गिलगित-बल्तिस्तान (पाकिस्तान शासित) आ लद्दाख (भारत) अउरी अक्साई चिन (चीन के कंट्रोल में) तक बिस्तार लिहले बाटे। ई दुनियाँ के दुसरी सबसे ऊँच पर्बतमाला हवे आ ओह पर्बतीय मंडली के हिस्सा हवे जेह में पामीर, हिंदुकुशहिमालय सामिल बाड़ें।[1][2] कराकोरम परबत श्रेणी में अठारह गो चोटी अइसन बाड़ी जिनहन के ऊँचाई 7,500 मी (24,600 फीट) से बेसी बा आ चार गो चोटिन के ऊँचाई 8,000 मी (26,000 फीट) से बेसी बा:[3] के2 (8,611 मी (28,251 फीट)), गशेरब्रम I, ब्रॉड पीकगशेरब्रम II

पूरा परबत श्रेणी के लंबाई लगभग 500 किमी (311 मील) बाटे आ ई पृथिवी के ध्रुवीय क्षेत्रन से बहरें के सभसे बेसी ग्लेशियर वाला इलाका हवे। सियाचिन ग्लेशियरबियाफो ग्लेशियर दुनियाँ के दूसरा आ तिसरा सभसे लमहर ग्लेशियर हवें जे ध्रुवीय क्षेत्र से बहरें होखें।

काराकोरम के पूरुब में अक्साई चिन के पठार बा, उत्तर में तिब्बत के पठार के किनारा आ यारकंद आ काराकाश नदी के घाटी से एकर चौहद्दी बने ले जिनहन के ओह पार कुनलुन परबत श्रेणी पड़े ला; उत्तर-पच्छिम में एकर जुड़ाव पामीर के पठार से होला आ दक्खिनी सीमा पर पच्छिम से पूरुब के क्रम में गिलगित, सिंधुश्योक नदी के घाटी बाड़ी स जे एकरा के हिमालय परबत से अलगा करे लीं। ई नदी उत्तर-पच्छिम मुँह के बहे लीं आ अचानक मुड़ के पाकिस्तान के मैदानी हिस्सा में प्रवेश करे लीं। काराकोरम के लगभग बीचोबीच काराकोरम दर्रा बाटे जे लद्दाख आ यारकंद के बीचा में आवागमन के इतिहासी रस्ता आ बहुत महत्व के ब्यापारिक मार्ग रहल जे अब चालू ना बाटे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Bessarabov, Georgy Dmitriyevich (7 February 2014). "Karakoram Range". Encyclopædia Britannica. Retrieved 3 May 2015.
  2. "Hindu Kush Himalayan Region". ICIMOD. Retrieved 17 October 2014.
  3. Shukurov, The Natural Environment of Central and South Asia 2005, p. 512; Voiland, Adam (2013). "The Eight-Thousanders". Nasa Earth Observatory. Retrieved 23 December 2016.; BBC, Planet Earth, "Mountains", Part Three

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]