Jump to content

तिब्बत के पठार

विकिपीडिया से
Tibetan Plateau
The Tibetan Plateau lies between the Himalayan range to the south and the Taklamakan Desert to the north. (Composite image)
डाइमेंशन
लंबाई2,500 किमी (1,600 मील)
चौड़ाई1,000 किमी (620 मील)
रकबा2,500,000 किमी2 (970,000 वर्ग मील)
भूगोल
Tibetan Plateau and surrounding areas above 1600 m
LocationChina (Tibet, Qinghai, Western Sichuan, Northern Yunnan, Southern Xinjiang, Western Gansu)
India (Ladakh, Lahaul & Spiti, Northern Arunachal Pradesh, Northern Sikkim)
Pakistan (Baltistan)
Nepal (Northern Nepal)
Bhutan
Tajikistan (Eastern Tajikistan)
Kyrgyzstan (Southern Kyrgyzstan)
रेंज निर्देशांक33°N 88°E / 33°N 88°E / 33; 88निर्देशांक: 33°N 88°E / 33°N 88°E / 33; 88
Map

तिब्बत के पठार (अंग्रेजी: Tibetan Plateau) एगो बिसाल आ ऊँच पठार बा जे एशिया महादीप में बा। ई दक्खिन एशिया, मध्य एशिया, आ पूरबी एशिया के हिस्सन पर बिस्तार लिहले बा। चीन के तिब्बत खुदशासित क्षेत्र के अधिकतर हिस्सा, किंघाई, उत्तर-पच्छिमी युन्नान, सिचुआन के पच्छिमी आधा हिस्सा, दक्खिनी गांसू प्रांत, दक्खिनी शिनजियांग प्रांत; भारत के लद्दाख, आ हिमाचल प्रदेश के लाहुल आ स्पीती; पाकिस्तान के गिलगित-बल्तिस्तान; नेपाल के उत्तरी हिस्सा; भूटान; पूरबी ताजिकिस्तान आ दक्खिनी किर्गीजिस्तान में पड़े ला।

ई पठार हिमालय के उत्तर में आ तकलामकान रेगिस्तान के दक्खिन ले, उत्तर-दक्खिन के लगभग 1,000 किलोमीटर (620 मील) आ ताजिकिस्तान से चीन के बिचला पच्छिमी हिस्सा ले पूरुब-पच्छिम के लगभग 2,500 किलोमीटर (1,600 मील) के लंबाई वाला बाटे। ई बिस्व के सभसे ऊँच आ सबसे बिसाल आकार के पठार हवे जेकर कुल रकबा लगभग 2,500,000 वर्ग किलोमीटर (2.7×1013 वर्ग फु) बाटे (फ्रांस देस के मुख्य जमीन से लगभग पाँच गुना)।[1] ई पठार ऊँच पहाड़न के श्रेणी सभ से घेराइल बा जेह में दुनिया के दू गो सभसे बेसी ऊँच चोटी माउंट एवरेस्टके2 शामिल बाड़ी। तिब्बत के पठार के "संसार के छत कहल जाला"।

तिब्बत के पठार से कई बिसाल नदी बेसिन सभ के मुख्य नदिन के उदगम होला आ आसपास के इलाका सभ के सालभर पानी के उपलब्धता रहे ला। एहिजे दसन हजार ग्लेशियर बाड़ें आ अउरी अइसन इकोलॉजिकल फीचर बाड़ें जे एकरा के "पानी के टावर" कहे खातिर उचित कारन बाड़ें; ई पठार पृथ्वी के ध्रुवीय इलाका के बहरें तिसरा सभसे बिसाल बरफ के भंडार होखे के कारण तिसरा ध्रुव ((अंग्रेजी: third pole), थर्ड पोल) कहल जाला। जलवायु बदलाव के शंका आ तिब्बत के पठार के जलवायु बदलाव के अउरी इलाका सभ पर परभाव के आकलन एह समय बैज्ञानिक रिसर्च के बिसय बाटे।

  1. "Natural World: Deserts". National Geographic. Archived from the original on 12 January 2006.