सियाचिन ग्लेशियर

विकिपीडिया से
सियाचिन ग्लेशियर
Siachen Glacier
Satellite imagery of the Siachen Glacier
प्रकारपर्बतीय ग्लेशियर
लोकेशनकराकोरम श्रेणी
Controlled by India, disputed by Pakistan
निर्देशांक35°24′N 77°06′E / 35.4°N 77.1°E / 35.4; 77.1निर्देशांक: 35°24′N 77°06′E / 35.4°N 77.1°E / 35.4; 77.1
लंबाई76 किमी (47 मील) using the longest route as is done when determining river lengths or 70 किमी (43 मील) if measuring from Indira Col[1]

सियाचिन ग्लेशियर एगो ग्लेशियर बा जे हिमालय के पूरबी कराकोरम श्रेणी में एनजे9842 प्वाइंट के ठीक उत्तर में बा जहाँ भारत-पाकिस्तान के बीच लाइन ऑफ कंट्रोल के सभसे उत्तरी माथ हवे। 76 किलोमीटर लंबाई वाला ई ग्लेशियर काराकोरम श्रेणी के सभसे लमहर ग्लेशियर हवे आ ध्रुवी इलाका से बाहर के ग्लेशियर सभ में, ताजिकिस्तान के फेदचेंको ग्लेशियर के बा एकर दुसरा अस्थान बाटे।

ई ग्लेशियर 5,753 मीटर के ऊँचाई वाल अस्थान से शुरू होला, इंदिरा कॉल के लगे से आ उतर के अपना अंत में 3,620 मीटर के ऊंचाई तक आवे ला। वर्तमान में, सन 1984 के बाद से ई पूरा ग्लेशियर आ एकर सगरी दर्रा सभ भारत के नियंत्रण में बाड़ें। पाकिस्तान के नियंत्रण के इलाका साल्टोरो श्रेणी के पच्छिम में बा आ पाकिस्तानी चौकी सभ साल्टोरो पर मौजूद भारतीय चौकी सभ के तुलना में काफी निचाई पर बाड़ी स। ग्लेशियर साल्टोरो आ कराकोरम श्रेणी के बीचा में बाटे। ई ग्लेशियर महान जलबिभाजक के ठीक दक्खिन में हवे जे भारतीय प्लेट आ यूरेशियाई प्लेट के अलगा करे ला। कराकोरम के एह इलाका के "तीसरा ध्रुव" भी कहल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Dinesh Kumar (13 April 2014). "30 Years of the World's Coldest War". Chandigarh, India: The Tribune. Retrieved 18 April 2014.