कामदेव
Appearance
कामदेव | |
---|---|
प्रेम, आकर्षण आ कामुकता के देवता | |
![]() फूल के तीर-धेनुहीं लिहले, अपना बाहन सुगा पर सवार कामदेव | |
संबंधित बाड़े | प्रद्युम्न, वासुदेव |
धाम | केतुमाला-वर्ष |
मंत्र | Lua error in Module:Lang at line 84: variable 'c' is not declared.[1] |
हथियार | ऊख, फूलन के तीर आ धनुष |
सवारी | सुग्गा |
Personal information | |
Consort | रति, प्रीति |
माई-बाबूजी | ब्रम्हा(जीवीय ना, बाकी इनके द्वारा सृजित) |
सहोदर | दक्ष( दुन्नो लोग के ब्रह्मा जी बनवलें ), धर्म, अग्नि |
काम भा कामदेव, हिंदू परंपरा में मानवीय प्रेम, आकर्षण आ कामुकता (सेक्सुअलिटी) के देवता हवें। अक्सर इनके चित्रण इनके पत्नी रति के साथे होला आ इनके अन्य नाँव सभ मदन, मन्मथ, मीनकेतु, कुसुमायुध आदि बाड़ें। कुछ कथा सभ में कृष्ण के बेटा प्रद्युम्न के कामदेवे के अवतार कल्पित कइल जाला। इनके बाहन सुग्गा हवे आ हथियार फूल के तीर-धेनुही। पुराणन में बर्णित कथा के अनुसार भगवान शिव द्वारा इनके जरा के भस्म क दिहल गइल रहे, एकरे बाद से ई अशरीरी रूप में हर पुरुष में निवास करे लें।
कामदेव के पूजा, माघ महीना के पंचिमी, मने कि बसंत पंचिमी से सुरू हो के चइत के पुर्नवासी ले चले ले, जेकरा के प्राचीन ग्रंथ सभ में मदनोत्सव कहल गइल बा। एही दौरान होली के तिहुआर भी पड़े ला आ एहू के मनावे में कामदेव के पूजा के बिधान हवे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Kāṇe, Pāṇḍuraṅga Vāmana; Institute, Bhandarkar Oriental Research (1958). History of Dharmaśāstra.
![]() | ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |