Worldwide zones of Tropical rainforest climate (Af).
उष्णकटिबंधी बरखाबन जलवायु (tropical rainforest climate) चाहे भूमध्यरेखीय जलवायु (equatorial climate) एक किसिम के उष्णकटिबंधी जलवायु हवे जे आमतौर पर भूमध्यरेखा के 10 से 15 डिग्री उत्तर आ दक्खिन ले मिले ले। एह जलवायु के बिसेसता भारी बरखा, तापमान में कम बदलाव आ पूरा साल भर बरखा होखल महत्व के लच्छन बाने। कोपेन के जलवायु बर्गीकरण में एह तरह के जलवायु के Af प्रकार के जलवायु बतावल गइल हवे। ई जलवायु टिपिकल रूप में गरम, बहुत नम आ बरखा वाली होखे ले।