अन्हबकुला
अन्हरा बकुला | |
---|---|
In non-breeding plumage (Sri Lanka) | |
Breeding plumage in (Kolkata, भारत) | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Animalia |
फाइलम: | Chordata |
क्लास: | Aves |
ऑर्डर (Order): | Pelecaniformes |
परिवार: | Ardeidae |
जाति (Genus): | Ardeola |
प्रजाति: | A. grayii |
दूपद नाँव | |
Ardeola grayii (Sykes, 1832) | |
अउरी दूसर नाँव | |
Ardeola leucoptera |
अन्हबकुला चाहे अन्हरा बकुला (हिंदी में अन्ध बक), (अंग्रेजी:Indian pond heron or paddybird) (Ardeola grayii) चिरइन की हेरन (heron) परिवार क सदस्य हवे। ई अक्सर धान की खेत में या गाँव-नगर की नागीचे पानी की स्रोत की आस पास लउकेला।[2]
नाँव
[संपादन करीं]मटमइला रंग क होखला की वजह से बहुत नागीचे गइले पर आदमी एके देख पावेला काहें से कि ई वातावरण में छुपल रह जाला। प्राकृतिक विकास की क्रम में एही से ई बहुत नजदीक गाइला पर भी उड़े ला ना काहें कि एके अपनी छुपल रहला क भरोसा होला। शायद एही वजह से एके अन्हरा बकुला, अन्ध बक, अन्ह बकुला नियर नाँव लोग ए गलतफहमी में दिहल कि एके लउकेला कम।
बिना हिलले खड़ा रहे वाला आ काहिरी समय में उड़ के भाड़े वाला ई चिरई के लोग ग़लतफ़हमी में आन्हर बुझे आ एही से एकर नाँव अइसन धारा गइल श्री लंका में भी ए के काना कोका कहल जाला।
भारतीय समाज में
[संपादन करीं]बकुला की ध्यान लगा के बइठला से बगुला भगत कहावत चल पड़ल, जेवना का मतलब होला दुष्ट आदमी जेवन देखावटी रूप से संत नियर व्यवहार करत होखे। [3]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ बर्डलाइफ इंटरनेशनल (2012). "Ardeola grayii". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. Retrieved 26 November 2013.
{{cite web}}
: Invalid|ref=harv
(help)CS1 maint: uses authors parameter (link) - ↑ सालिम अली, The Book of Indian Birds, 13th ed., Bombey Natural History Society (BNHS), Oxford Press. 2003 ISBN 9780195665239 ISBN 0195665236, (pp. 70)
- ↑ Pahwa, Munshi Thakardass (1919). The modern Hindustani scholar of the Pucca munshi. Baptist Mission Press, Calcutta.
ई चिरई-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |