मैसूर पठार

विकिपीडिया से
मैसूर पठार
Plateau
देस भारत
राज्य कर्नाटक

मैसूर पठार (अंग्रेजी: Mysore Plateau) दक्खिनी भारत में एगो पठार बाटे। एकरा के #कर्नाटक पठार के हिस्सा भी मानल जाला आ कुछ लोग एकरा के अलग भी पहिचाने ला।[1][2]

कर्नाटक पठार[संपादन करीं]

कर्नाटक पठार भारत के कर्नाटक राज्य में मौजूद ऊँच भूमि के कहल जाला।[3] एकरा के तीन भाग में बाँटल जाला: उत्तरी कर्नाटक पठार, बिचला कर्नाटक पठार आ दक्खिनी कर्नाटक पठार।[4] कुछ जगह कर्नाटक पठार के दक्खिनी हिस्सा के मैसूर पठार भी कहल जाला आ दुनों के बीच सीमा के बारे में भरम के स्थिति भी बाटे।[1][2] एकरा के मालनद आ मैदान दू हिस्सा में, ऊँचाई के अनुसार भी बाँटल जाला। सह्याद्री के लग्गे वाला भाग जे 1000 मीटर से ऊँच बाटे, मालनद कहाला आ लहरदार पहाड़ी से युक्त इलाका जे 150 से 600 मीटर ले ऊँच बा ऊ मैदान कहाला।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 M. Widdowson (1997). Palaeosurfaces: Recognition, Reconstruction and Palaeoenvironmental Interpretation. Geological Society of London. pp. 249–. ISBN 978-1-897799-57-4.
  2. 2.0 2.1 Mahesh Chand; V.K. Puri (23 मई 1983). Regional Planning in India. Allied Publishers. pp. 16–. ISBN 978-81-7023-058-8.
  3. "Karnataka Plateau - plateau, India".
  4. Lalit Chugh (8 अप्रैल 2016). Karnataka's Rich Heritage - Art and Architecture: From Prehistoric Times to the Hoysala Period. Notion Press. pp. 8–. ISBN 978-93-5206-825-8.