भूमध्य (बहुअर्थी)
Appearance
भूमध्य अंग्रेजी भाषा के मेडीटेरेनियन (अंग्रेजी: Mediterranean) के अनुबाद हवे। एह नाँव से सभसे पहिले भूमध्य सागर (अंग्रेजी: Mediterranean sea) के बोध होला।
अंग्रेजी में ई शब्द लैटिन भाषा से आइल हवे आ मेडीटेरेनियन के अउरियो दूसर अरथ भा इस्तेमाल हो सके ला जे नीचे दिहल बाने:
- भूमध्य सागर (अंग्रेजी: Mediterranean sea), यूरोप, अफिरका आ एशिया महादीपन के बीचा में एगो समुंद्र तीरे के सागर जे पच्छिम में जिब्राल्टर के जलजोड़ द्वारा अटलांटिक महासागर से जुड़ल बाटे आ एही के हिस्सा आ किनारे के सागर मानल जाला।
- भूमध्य क्षेत्र चाहे भूमध्य बेसिन (अंग्रेजी: Mediterranean region or Mediterranean Basin)
- भूमध्य सागर (समुंद्र बिज्ञान), समुंद्र बिज्ञान में कई गो अइसन सागर सभ के नाँव जे चारों ओर से (लगभग) जमीन से घेराइल होखें।
- भूमध्यसागरीय जलवायु, भूमध्य सागर के आसपास के जलवायु प्रकार, अइसन जलवायु अउरियो कई जगह पावल जाले।
- भूमध्यसागरीय यूरोप (अंग्रेजी: Mediterranean Europe), यूरोप के सगरी देस जे भूमध्य सागर के तीरे पड़े लें।
- भूमध्यसागरीय देसन के लिस्ट, अइसन सगरी देसन के लिस्ट जे भूमध्य सागर के तीरे पड़े लें।
अउरी दूसर इस्तेमाल
[संपादन करीं]भोजपुरी में भूमध्य शब्द, भू (पृथ्वी) + मध्य (बीचोबीच), संस्कृत से वाया हिंदी आइल हवे जेकर अरथ उहे होला जे अंग्रेजी में मेडीटेरेनियन (अंग्रेजी: Mediterranean) के होला, मने कि पृथिवी के बीचोबीच (के हिस्सा)। एह अरथ से नीचे लिखल चीजन के संबंध हो सके ला:
- भूमध्य रेखा (अंग्रेजी: Equator), 0° अक्षांस आ एकर सर्किल भा रेखा जे पृथ्वी के उत्तरी गोलार्ध आ दक्खिनी गोलार्ध में बाँटे ले।
- भूमध्यरेखीय प्रदेश (Equatorial region), प्राकृतिक प्रदेश।
- भूमध्यरेखीय जलवायु (Equatorial climate), जहाँ उष्णकटिबंधी बरखाबन जलवायु पावल जाले।
- भूमध्यरेखीय गिनी (Equatorial Guinea), अफिरका महादीप में एगो संप्रभु देस।
ई बहुअर्थी शब्द वाला पन्ना हवे जहाँ एकही शब्द के कई गो अरथ वाला बिसय के लिस्ट दिहल गइल बा। यदि कउनो भितरी लिंक आप के अहिजा ले आइल बा तब अइसना में आप ओ कड़ी के संपादित क के सीधे ऊपर लिस्ट में दिहल पन्ना कुल में से सही पन्ना पर भेजे खातिर बना दीं; जेवना से की अगिली बेर केहू पाठक गलती से इहाँ न आ जाय बलुक सही इच्छित पन्ना पर पहुँचे।। |